वार्ड अध्यक्ष अन्सारीद्धारा मजदुर के चाउर आ आलु देवेके घोषणा

बारा १३ चईत,

बारा के कलैया उपमहानगरपालिका–९ के वार्ड अध्यक्ष डा. अख्तर अन्सारी मजदुर के खाद्यान्न बाँटेके जनावल गईल बा ।

लक डाउन के तिसरका दिन वार्ड के घर घर मे पुग के कोरोना भाइरस के बारे मे जानकारी देत उ राहत प्याकेज के घोषणा कईले बानी ।

के पालना करके घर बईठल वार्ड के दैनिक ज्यालादारी करके खाएवाला मजदुर के खातिर दु दिन भितर ५ किलो चाउर, ५ किलो आलु आ १ किलो पियाज बाँटेके अन्सारी जानकारी देहनी ।

बियफे के दिने वार्ड मे साबुन, मास्क बाँटला के साथे साबुन पानी से हाथ धोवेके सिखावल वार्ड अध्यक्ष अन्सारी बतवनी ।

वार्ड मे कार्यरत स्वास्थ्यकर्मी सहित के टोली बहुते जरुरी काम बाहेक के समय मे घर बाहर ना निकलेके, घर मे रहला पर भी ३ फिट के दूरी मे रहेके, बोखार सरदी खोकी लागला पर भा साँस लेवेमे समस्या भईला पर अस्पताल मे जाके जाँच करावेके, सफा आ सचेत रह के खुद संक्रमण से बँचेके आ आउर के भी बँचावे खातिर वार्डबासी से निहोरा कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।