मानव बेचविखन मे संलग्न रहल अरोप मे वीरगंज से दु जने पकडईलें

वीरगंज २१ जेठ

मानव बेचविखन के आरोप मे वीरगंज से पुलीस दु जने के पकडले बा ।
भारत बेतिया घर भईल २६ बरीस के असगर सैफी आ तनहुँ के दमौली नगरपालिका– ५ रहेवाला २६ बरीस के सकिना खातुन कहेवाला सीता थापा क्षेत्री पकडाईल बानी । उलोग मरद मेहरारु हउवन ।

दु जने युवती के भारत लेजाके बेंचेके खोजल उलोग उपर आरोप लागल बा । बेचबिखन के जोखिम मे पडल दमौली घर भईल २० र २२ बरीस के दु जने चेली के वीरगंज से उद्दार भी कईल बा ।
उलोग विरुद्ध मानव बेचविखन विरुद्ध के मुद्धा दर्ता करके कारबाही प्रक्रिया अगाडि बढावेके तइयारी हो रहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक ओम प्रकाश खनाल जानकारी देहनी ।

उनका मुताविक गोरखा माईती आ घर तनहुँ भईल २२ बरीस के जनानी के मरद विदेश मे बाडन । उनकर दु बरीस के बेटा बाडन । उलोग के नेपालगंज मे एक घण्टा पुजा के खातिर कन्या जरुरी भईल आ पुजा मे बईठल बापत ५०÷५० हजार रोपेया देवेके कहके प्रलोभन मे पारल खनाल बतवनी ।

‘परिवार के जानकारी हि ना देके नेपालगंज चलल उलोग के पहिले वीरगंज जाके पईसा लेके नेपालगंज जाएके कहल गईल रहे ।’ प्रहरी नायब उपरीक्षक खनाल कहनी, ‘तनहुँ से टिपर मे चढाके १७ गते वीरगंज मे लियाके बसपार्क के एक होटल मे उलोग रहल रहलन ।

ओकरा बाद उलोग के पईसा के खातिर बेतिया जाएके पडल कहत सीमा क्षेत्र मे पुगावल गईल रहे ।’
बियफे के सबेरे बोर्डर लगे से उलोग के उद्दार करेमे सफल भईल प्रहरी नायब उपरीक्षक खनाल बतवनी ।

‘बोर्डर मे पुगला के बाद उलोग तराईमूल के मात्र आदमीसब लउकलन, रिचार्ज किनेके बहाना बनाके एगो दोकान मे जाके बेतिया कहेवाला जगहा कहाँ ह ? पुछले रहलन ।’

कहत उ ‘बेतिया त भारत मे पडेला कहके जानकारी दोकान से मिलला के बाद उलोग जोखिम मे पडल जानकारी भईल ।’
मरद मेहरारु मिलके पुजा करेके बहाना मे भारत मे लेजाके उलोग के बेंचेके खोजल अनुसन्धान से खुलला के बाद उलोग विरुद्ध मानव बेचविखन के मुद्धा दर्ता करावल गईल आफन्त नेपाल वीरगंज के संयोजक मनु राना बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।