आलु पियाज मे कालाबजारी करेवाला ११ जने पकडईलें

जनकपुरधाम १३ चईत,

धनुषा मे पुलीस लक डाउन के समय मे बेसी दाम मे सामान बेंचेवाला ११ जने के पकडले बा ।

ग्यास, आलु, पियाज से रिजार्च कार्ड तक बेसी रोपेया लेके बेंचेवाला ११ जने के जनकपुरधाम से बियफे के दिने पकडले बा ।
पकडाएवाला मे अधिकांस आलु आ पियाज महंगा दाम मे बेंचेवाला रहल बाडन ।

आलु, पियाज मे ब्यापारी ९ जने, एक जने रिजार्ज कार्ड आ दोसर एक जने के ग्यास बेसी दाम मे बिक्री कईल आरोप मे पकडल गईल धनुषा के प्रहरी प्रवक्ता डीएसपी रामेश्वर कार्की जानकारी देहनी ।

उलोग आलु प्रति किलो ६०, पियाज ८० के दर से बिक्री कर रहल मिलला के बाद नियन्त्रण मे लेहल कार्की बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।