भव्य समारोह के बीच धोबिनी गाँवपालिका पुर्ण खोप घोषणा
भव्य समारोह के बीच धोबिनी गाँवपालिका पुर्ण खोप घोषणा

पोखरिया २८ माघ
पर्सा के धोबिनी गाँवपालिका एतवार के दिने एक कार्जक्रम के बिच पुर्ण खोप घोषणा कईल बा । गाँवपालिका से खटावल गईल स्वास्थ्यकर्मीलोग घर–घर मे पुगके वार्ड के १७ सय ८५ जने ५ बरीस निचेके लईकालईकी के खोप लगईला के बाद गाँवपालिका पूर्ण खोप युक्त घोषणा भईल बा ।
“स्थानिय स्वामित्व आ सहभागिता पुर्ण खोप सुनिश्चित्ता हमनी के प्रतिवद्धता” नारा साथ धोबिनी गाँवपालिका कार्यालय के प्राङ्गण मे आयोजना कईल कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि जिल्ला समन्वय समिति पर्सा के सभापति निरंजन साह सोनार आ गाँवपालिका अध्यक्ष मदन प्रसाद चौहान पूर्ण खोप पालिका घोषणा कईले रहनी । चौहान घोषणा पत्र पढके पूर्ण रुप मे खोप युक्त वार्ड आ गाँवपालिका घोषणा कईले रहनी ।
कार्जक्रम मे अध्यक्ष चौहान स्वास्थ्यकर्मीलोग से कईल काम के सराहना करत स्वास्थ्यकर्मीलोग आपन परिवार के सदस्य के भी छोडके आम जनता के सेवा मे दिन रात खटके सभी के मन जितला मे धन्यबाद देहले रहनी ।
गाँवपालिका मे आपन पहिलका प्राथमिकता स्वास्थ्य, शिक्षा आ कृषि रहला से सबसे बेसी बजेट आ स्रोत एकर पूर्वाधार विकास के खातिर खर्च कर रहल अध्यक्ष चौहान बतवनी ।
कार्जक्रम मे प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत प्रमोद साह पालिका के जनानीलोग के खोप के महत्व के बारे मे जनचेतना अभिवृद्धि करेके जरुरत अभी भी रहल बतवनी । खोप ना लगईला से पाँच बरीस निचेके लईकालईकी मे अनेकन किसिम के बेमारी लागेवाला भईला से बच्चा जन्मते मातर चिकित्सकलोग के सल्लाह मुताविक हरेक खोप समय मे लगावे खातिर सुझाव देहले रहनी ।
पालिका अध्यक्ष मदन प्रसाद चौहान के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे उपाध्यक्ष मन्जु देवी कुर्मी, जिल्ला स्वास्थ्य कार्यालय पर्सा के प्रमुख मुक्तिनारायण साह, खोप सुपर्वाजर प्रमुख जयमोद ठाकुर, युनिसेफ के रानराज राणा, वार्ड अध्यक्ष अबास मियाँ, मनाउर अहमद, राजकिशोर प्रसाद कुर्मी, बन्धु साह तेली, देबेन्द्र पटेल, कार्यपालिका सदस्य, वार्ड सदस्य, स्वस्थ्य शाखा प्रमुख संजय यादव, स्वास्थ्य शाखा सह संयोजक श्रीराम यादव, शिक्षा प्रमुख बृजकिसोर त्रिपाठी, योजना शाखा प्रमुख पपु पटेल, जिन्सी प्रमुख प्रदिप पटेल, इन्जिनियर रविभुसन पटेल, लेखापाल धन्जय दास, लगायत के सहभागिता रहल रहे ।
पुर्णखोप घोषणा करावेमे सहजोग करेवाला स्वास्थ्यकर्मीलोग के दोसल्ला ओढाके प्रमाणपत्र सहित सम्मानित कईल रहे । उ अवसर मे अनेकन स्कूल के विद्यार्थीलोग सास्कृतिक कार्जक्रम प्रस्तुत कईले रहलन । कार्जक्रम के सहजीकरण अशोक कुमार पटेल कईले रहनी ।





