मास्क के कालाबजारी करेवाला झा पकडईलें

जनकपुरधाम १५ चईत,

जनकपुरधाम मे प्रति मास्क रु ७५० मे बेंच रहल अवस्था मे पुलीस एक जने के पकडले बा । पकडाएवाला मे बजरंग जेनरल स्टोर के सञ्चालक जनकपुरधाम उपमहानगरपालिका–४ रहेवाला ३६ बरीस के राजेश कुमार झा रहल बाडन ।

प्रादेशिक अस्पताल लगे रहल स्टोर से प्रति मास्क ७५० आ पंजाप्रति पोका ५ सय रोपेया मे बेंच रहल समय मे अनुगमन टोली झा के पकडले बा ।

बजार मे प्रति मास्क के ३ सय से ३५० दाम पडेवाला मास्क झा ७५० रोपेया मे बेंच के कालाबजारी कईला के चलते पकडल गईल धनुषा के प्रहरी प्रवक्ता एवं डीएसपी रामेश्वर कार्की जानकारी देहनी ।
झा के मास्क आ पंजासहित नियन्त्रण मे लेके आउर अनुसन्धान हो रहल उ बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।