कर्मचारी ना रहला से २ महिना से सेवा बन्द, सेवाग्राही समस्या मे
वीरगंज ०३ चईत,
पर्सा के चार गो गाँवपालिका के कार्यक्षेत्र तोक के सुपौली मे स्थापना कईल इलाका प्रशासन कार्यालय के सेवा प्रवाह २ महिना से बन्द बा । २ महिना से शाखा अधिकृत ना रहला से कार्यालय मे सेवा लेवे पुगेवाला सेवाग्राही खाली हाथ फिर्ता आवेमे बाध्य भईल बाडन ।
जिल्ला के सुदुर पश्चिम मे रहल जीराभवानी, ठोरी, जगरनाथपुर आ पटेर्वासुगौली करके ४ गाँवपालिका कार्यक्षेत्र तोक के सुपौली मे एक बरीस पहिले इलाका प्रशासन कार्यालय स्थापना कईल रहे ।
कार्यालय मे बितल पुस मसान्त से हि शाखा अधिकृत ना रहला से चार गो गाँवपालिका के सेवाग्राही समस्या भोगेमे बाध्य बाडन । कर्मचारी समायोजन के समय मे तत्कालीन शाखा अधिकृत विनय श्रीवास्तव पुस मसान्त से दोसर जगहा सरुवा होके गईल रहलन ।
ओकरा बाद उनकर जगहा मे गृह मन्त्रालय डेढ महिना पहिले सुपौली के इलाका प्रशासन कार्यालय मे शाखा अधिकृत कुन्दन कर्ण के सरुवा करके पठवले रहे । माकिर कर्ण अभी तक भी कार्यालय मे हाजीर नईखन भईल ।
कार्यालय मे पुस मसान्त से करार के एक सुब्बा, एक कम्प्युटर सहायक आ एक कार्यालय सहजोगी करके ३ कर्मचारी कार्यरत बाडन । माकिर शाखा अधिकृत ना भईला से नागरिकता प्रमाणपत्र जारी करेके, राहदानी सिफिरिस, मधेसी दलित जनजाति प्रमाणित लगायत के काम दु महिना से रुकल बा ।
सुपौली के इलाका प्रशासन कार्यालय मे नागरिकता बनावे खातिर मात्र दैनिक औसत मे ५० जने के हाराहारी मे सेवाग्राही पुगेलन । माकिर अभी कार्यरत करार के कर्मचारी शाखा अधिकृत ना भईला से काम होखे ना सकेके जवाफ देके फिर्ता करत आईल बाडन ।
ठोरी नयाँवस्ती के मनिषा बोहोरा नागरिकता बनावे खातिर खुद एक हप्ता से कार्यालय मे दउड रहल सिकाईत कइनी । “एक हप्ता से कार्यालय दउड रहल बानी, कर्मचारी बिहान बिहान कहके टारत आईल बाडन”, सोमार के दिने कार्यालय मे मिलल बोहोरा कहनी कि, “आजु (सोमार) फेनु कार्यालय मे अईला पर शाखा अधिकृत हि नइखन आईल, काम ना होखी कहलन ।”
भगिना के नागरिकता बनावे खातिर सोमार के दिने कार्यालय मे पुगल महादेवपट्टी के सत्यराज घिमिरे भी १५ दिन से कार्यालय मे दउड रहल बाडन माकिर काम ना भईल सिकाईत कइनी । कार्यालय मे पुगला पर कर्मचारी शाखा अधिकृत आजु बिहान अईहन कहके टारत आईल बाडन”, कहत घिमिरे, “प्रमुख जिल्ला अधिकारी के फुन कईला पर कउनो सुनुवाइ नइखे भईल ।”
सुपौली मे इलाका प्रशासन कार्यालय बनला के बाद चार गाँवपालिका के सेवाग्राही वंशज के नागरिकता सुपौली के इलाका प्रशासन कार्यालय से लेवेके बाध्यकारी नियम बा । ओहिसे सदरमुकाम के जिल्ला प्रशासन कार्यालय मे भी जाए ना सकेके घिमिरे बतवनी ।
कार्यालय मे लम्हर समय से शाखा अधिकृत ना भईला के चलते नागरिकता बने ना सकल आक्रोश मे बितल फागुन २२ गते जिराभवानी गाँवपालिका ५ के दु युवक कार्यालय मे तोडफोड भी कईले रहलन ।
पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी विष्णुकुमार कार्की मन्त्रालय से एक महिना पहिले हि शाखा अधिकृत कुन्दन कर्ण के सुपौली के इलाका प्रशासन कार्यालय मे पठईला पर भी कर्ण अभी तक हाजीर ना भईल जानकारी देहनी ।
“अभी हम काठमाण्डु मे बानी, मन्त्रालय मे जाके बुझला पर कर्ण एक हप्ता पहिले हि रवाना लेके गईल जानकारी मिलल”, प्रमुख जिल्ला अधिकारी कार्की कहनी, “जदि बुध तक भी कर्ण कार्यालय मे हाजीर ना भईला पर बियफे से दोसर शाखा अधिकृत के सुपौली के इलाका प्रशासन कार्यालय मे पठावल जाई ।” उल्था ः अन्नपूर्ण