प्रदेशसभा सदस्यलोग के कोभिड–१९ नियन्त्रण मे लागे खातिर निहोरा

हेटौँडा, १५ चईत,

वाग्मती प्रदेश के मुख्यमन्त्री डोरमणि पौडेल कोभिड–१९ नियन्त्रण के खातिर प्रदेशसभा सदस्यलोग के भी लागे खातिर निहोरा कईले बानी ।

मुख्यमन्त्री पौडेल कोरोना नियन्त्रण के खातिर खुद मातहत के स्थानीय तह के प्रमुख तथा उपप्रमुखलोग से समन्वय करके पिछिलका समय भारत लगायत आउर देश से आईल आदमी के तथ्याङ्क सङ्कलन करके जरुरी कामकार्वाही करेके काम के नेतृत्व करे खातिर प्रदेशसभा सदस्यलोग से निहोरा कईल मुख्यमन्त्री के सचिवालय जानकारी देहले बा ।

“मुख्यमन्त्री कोभिड–१९ नियन्त्रण के खातिर वाग्मती प्रदेश के प्रदेशसभा सदस्य के खुद मातहत के स्थानीय तह के प्रमुख एवं उपप्रमुखसब से समन्वय करके पिछिलका समय मे भारतल गायत आउर देश से उ स्थानीय तह मे आईल आदमी के तथ्याङ्क सङ्कलन करके जरुरी कामकारवाही करेके तथा प्रदेश के कोभिड नियन्त्रण उच्चस्तरीय समन्वय समिति एवं मुख्यमन्त्री तथा मन्त्रिपरिषद् के कर्यालय मे जानकारी करावे खातिर निहोरा कईले बानी”, मुख्यमन्त्री के प्रमुख स्वकीय सचिव अनुप पौडेल कहनी ।

उनका मुताविक मुख्यमन्त्री सभी स्थानीय तह के प्रमुख, उपप्रमुख, वार्ड अध्यक्ष तथा सदस्य के आपन गाँवटोल मे भारत लगायत विदेश से अबगे आईल के तथ्याङ्क सङ्कलन करके उलोग सँगे प्रत्यक्ष सम्पर्क मे रहल के भी अवस्था, स्वास्थ्य स्थिति आदि के लगत देके प्रत्यक्ष अनुगमन, निर्देशन तथा सरसहजोग करे खातिर तथा ओकर अभिलेख आपन क्षेत्र के प्रदेशसभा सदस्य के उपलब्ध करावे खातिर भी निहोरा कईले बानी ।

मुख्यमन्त्री पौडेल विषम परिस्थिति के मौका लेके कालाबजारी करेवाला के भी पहिचान करके प्रदेश के उच्चस्तरीय बजार अनुगमन समिति के खबर करे खातिर भी निहोरा कईल जनावल गईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।