वीरगंज मे दाहसंस्कार करे लागल युवती के लास पुलीस उठवलख

वीरगंज २१ कुवार

वीरगंज मे दाहसंस्कार करे लागल लास पुलीस नियन्त्रण मे लेहले बा । भारत घर भईल अन्दाजी १९ बरीस के जयुनत खातुन के लास पुलीस नियन्त्रण मे लेहले बा ।

लास पोष्टमार्टम के खातिर नारायणी अस्पताल मे पठावल गईल बा । घटना शंकास्पद देखल गईला के बाद पुलीस अनुसन्धान के खातिर चार जने के नियन्त्रण मे लेहले बा ।

घटना के बारे मे अनुसन्धान हो रहला से उलोग के नाम पुलीस सार्वजनिक नईखे कईले । माकिर जगरनाथपुर गाँवपालिका के अध्यक्ष जालिम मियाँ के परिवार के एक सदस्य भी पुलीस नियन्त्रण मे बाडन ।

जबर्जस्ती करणी के बाद बहुते खुन बहल आ ईलाज के समय मे मृत्यु भईला से घटना लुकावे खातिर जलदी मे लास हलावे के खोजल कहके सूचना के आधार मे लास नियन्त्रण मे लेहल गईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रमुख प्रहरी उपरीक्षक बेलबहादुर पाण्डे जानकारी देहनी ।

‘शंकास्पद हर्कत हो रहल सूचना मिलल । लास हलावे लागल समय मे जाके लियावल गईल’ कहत उ ‘लास पोष्टमार्टम के खातिर पठावल गईल बा । आउर अनुसन्धान हो रहल बा ।’

परिवार के सदस्य युवती के देह मे देखल गईल दाद के ईलाज करेके समय मे देखल गईल दवाई के चलते समस्या भईल बतवले बाडन । भारत के बेतिया लेजाके दाद के ईलाज करईला पर चलावल दवाई खईला के बाद देह फुलल आ खुन निकलल उलोग के तर्क बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।