भारत ओरी दारु लेजाएवाला तीन जने के पुलीस पकडलख

वीरगंज १७ चईत,
पर्सा से भारत ओरी अवैध रुप मे दारु लेजारहल अवस्था मे पुलीस तीन जने के नियन्त्रण मे लेहले बा । पुलीस वीरगंज महानगरपालिका – १६ रहेवाला रामपुकार चौरसिया, वीरगंज– ३२ रहेवाला ३० बरीस नारायण राम आ २० बरीस के राजन महरा के पकडले बा ।
विश्वव्यापी महामारी के रुप मे फईल रहल कोरोना भाइरस के संक्रमण रोकथाम तथा नियन्त्रण के खातिर लकडाउन के अव्हान कईल समय मे उलोग भारत ओरी अवैध रुप मे दारु लेजात रहलन ।
भारत के बिहार राज्य मे दारु किन बेंच आ पिएमे रोक लगवले बा । एहिरते नेपाल से भारत ओरी दारु तस्करी भईला के साथे भारतीयलोग दारु पिए खाति नेपाल आवेलन ।
एतवार के सँझिया वीरगंज–१६ स्थित वीरगंज भन्सार कार्यालय पछाडी से ३ कार्टुन कस्तुरी दारु सहित चौरसिया पकडाईल रहलन । राजन आ नारायण के पर्सागढी नगरपालिका –४ भेडा से नियन्त्रण मे लेहल पुलीस जनवले बा ।
साइकल मे अवैध घरेलु दारु ३५ लिटर भारत ओरी लेजारहल अवस्था मे उलोग के पकडल गईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक विरेन्द्र शाही जानकारी देहनी ।
बरामद कईल दारु आ साइकल सहित उलोग के जरुरी कारबाही के खातिर आन्तरिक राजश्व कार्यालय वीरगंज मे बुझावल गईल पुलीस जनवले बा ।






