मुआबजा देवेके जगह मे उलटे कलैया उप.म.न.पा. के मेयर साह पद आ पावर के दुरुपयोग करत मुद्दा कईले बाडन : पिडित

मुआबजा देवेके जगह मे उलटे कलैया उप.म.न.पा. के मेयर साह पद आ पावर के दुरुपयोग करत मुद्दा कईले बाडन : पिडित

प्रभु यादव

बारा २१ फागुन

कलैया उपमहानगरपालिका के मेयर विनोद साह पद आ पावर से जनता के दुःख देरहल पत्रकार समेलन कर के एक पिडित बतवले बानी ।

कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर २ भवानिपुर के रहनियार उमेश प्रसाद यादव बुध के दिन कलैया मे पत्रकार समेलन कर के मेयर साह पद आ पावर के दुरूपयोग कर के जनता के दुःख देरहल बतावले बानी ।

कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर ३ मे खौराही पईनी के जमिन मे रास्ता निकालेके काम होरहल जवना मे निजि जमिन हडप के बनावल जारहल बा कहत यादव आपन जमिन के सम्बन्ध मे बातचित करे पुगल समय नगर प्रहरी के लगा के लगावल गेहु बाली बलजवरदस्ती नोक्सान कईले बा कहके जानकारी करवले बानी ।

वार्ड अध्यक्ष मोहन साह कानु से क्षतिपूर्ती के सम्बन्ध के बातचित होरहल समय कलैया के मेयर साह नगर प्रहरी के बल मे विना सुचना जानकारी करवले किसान के लगावल बाली नष्ट करत रोकेवाला के धकामुका लगावे समेत के काम कईल पिडित यादव पत्रकार समेलन मे जानकारी करवले बानी ।

पत्रकार सभे के जानकारी करावत अपन बडभैया किशोरी यादव रास्ता बनारहल जगह मे गेहु नोक्सान कईल सम्बन्ध मे जानकारी लेवे पुगल जगह मे मेयर साह नगर प्रहरी लगा के नष्ट करवाहरहल रोकेला कहला पर धका लगावेके काम कईल समय आपन बचाव करेला कईल प्रयास मे चोट लागल होई जवना के अनावश्यक बना के जिल्ला प्रहरी मे मुद्दा लगा के घेरवावल जानकारी करवले बानी ।

हमनी के बाली नष्ट भईल बा अउरी नगरप्रहरी हातपात कईले बा जवना के छनविन करके कारवाही करेला प्रहरी कार्यालय पुगला पर उजुरी ना लेकर के प्रहरी उपरीक्षक संतोष तमाङ्ग उलटे जनप्रतिनिधि मेयर साह से भेटकर के समस्या समाधान करी जवाफ देके भेज देहल यादव के सिकायत रहल बा ।

कलैया उपमहानगर पालिका के मेयर साह के उजुरी दर्ता करलेवे माकिर आमजनता के उजुरी ना लेकर के भेटकर के समझाबुझ करेके काम न्याय सम्वत केतना होसकता यादव बतवनी । पत्रकार समेलन मे जनप्रतिनिधि मुखि शान्ति सुरक्षा होखि तब जनता कहाँ जाई प्रश्न यादव कईले बानी ।

जिल्ला प्रशासन कार्यालय कलैया के प्रमुख जिल्ला अधिकारी वसन्त अधिकारी से जानकारी लेहला पर मेयर साह से मिलेके जवाफ मिलल बतावत जनता के कवनो जगह ना भईल यादव के सिकायत रहल बा । विना सुचना आ नियम विपरित नाप सिमाना ना कईल जाला माकिर कलैया उपमहानगरपालिका मनोपलि रूप मे काम कररहल यादव के कहनाम रहल बा ।

रास्ता भरेला मानवत मटिअर्वा के निर्माण होरहल रास्ता के माटी से खौराही पईनी के रास्ता बनावे मे पईसा के अनियमित्ता समेत करेके खेल मेयर साह के रहल पत्रकार समेलन मे यादव बतावले बानी ।

अपना सभेके सुरक्षा निकाय कवनो सहयता आ नियम सम्वत काम ना कईले बा हमरा सभे के चहना रहल रहे पालिका मे बईठ के समस्या सुलझावेके माकिर ना होखे देवेला काम कईला से अदालत समेत पुगेला काम कररहल यादव के कहनाम रहल रहे । विकास करेला काम मे जनता के दुःखदेके करेके काम ठिक ना भईल यादव बतवले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।