भारत ओरी गईल ट्यांकर रक्सौल नाका मे रुकल

वीरगंज १८ चईत,

वीरगंज–रक्सौल नाका मे पेट्रोलियम पदार्थ लेवे गईल ट्यांकर रुकल बा । जरुरी सामान आयात निर्यात मे कउनो रोक ना लगावेके कहला पर भी भारतीय पक्ष मंगर के दिने पेट्रोलियम पदार्थ लेवे खातिर रक्सौल जाए लागल ट्यांकर रोकले बा ।

वीरगंज रक्सौल नाका मे मंगर के दिने सबेरे साढे ९ बजे से हि ट्यांकर लाइन मे लागल रहे । रक्सौल से पेट्रोलियम पदार्थ ढुवानी करेवाला करिब ४० गो ट्यांकर दिन के १२ बजे तक रोकल रहे । एकरा से पहिले लकडाउन हि भईला पर भी पेट्रोलियम पदार्थ लेहल सवारी साधन निर्बाध रुप मे ओहोरदोहोर करत रहे ।

सबेरे साढे ८ बजे के समय नाका मे पुगला पर भी रक्सौल ओरी जाए ना देहल ट्यांकर चालक विकास साह बतवनी । सबेरे रक्सौल भन्सार अगाडि के ढाला लगईला के साथे तार से नाका मे अवरोध खडा कईल रहे ।

सोमार के दिने नेपाल के अनेकन जगहा से वीरगंज आइल भारतीय नागरिक आपन देश जाए खातिर जिद्दी कईला के बाद नाका मे कडाइ कईल हो सकेके अनुमान नाका क्षेत्र मे खटल नेपाली सुरक्षाकर्मीलोग कईले बाडन । लकडाउन के प्रवाह ना करके घर जाए लागल भिड के नियन्त्रण करे खातिर नाका मे खटल भारतीय पुलीस लाठी चार्ज भी कईले रहे ।

नेपाल आयल निगम वीरगंज के कार्यालय प्रमुख राम कुमार न्यौपान प्रक्रिया मिलावे खातिर मात्र समय लागल बतवनी । उ साढे ११ बजे से हि सहज रुप मे खाली ट्यांकर रक्सौल डिपो ओरी गईल आ पेट्रोलियम लोड होखे लागल दाबी कइनी ।

“देश संघीयता मे गईला के बाद एगो स्थानीय तह से दोसर मे जाए खातिर त प्रक्रिया पूरा करेके पडत बा । इहाँ त एक देश से दोसर देश के सवाल बा” कहत उ “केतना ट्यांकर जाई ? ट्यांकर आ चालक के विवरण सहित के जानकारी पठईला के बाद मात्र तेल भर के पठईहें । ओकरा खातिर सामान्य एक घण्टा लागल बा ।”

कैयनट्यांकर के चालक भारतीय हि भईला से ओने हि रहेके सम्भावना भईला से भारतीय पक्ष सतर्कता अपनावल हो सकेके बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।