मधेश से खोजल शिक्षा, स्वास्थ्य आ रोजगार राष्ट्रिय स्वतन्त्र पार्टी दि : सभापति लामिछाने

मधेश से खोजल शिक्षा, स्वास्थ्य आ रोजगार राष्ट्रिय स्वतन्त्र पार्टी दि : सभापति लामिछाने

वीरगंज ०८ अगहन

राष्ट्रिय स्वतन्त्र पार्टी के सभापति रवि लामिछाने मधेश के मुहार रास्वपा हि बदली कहके दाबी कईले बाडन ।

वीरगंज मे रास्वपाद्वरा आयोजना कईल कार्जक्रम के सम्बोधन करत सभापति लामिछाने मधेश के भविष्य बदले खातिर हि हम मधेश आईल बतवले बानी ।

उ देश आ मधेश के भविष्य बदलेके तइयारी के साथ मधेश आईल बतावत लामिछाने बरीसो से विभेद मे परल मधेश मे खास तईयारी करके हम एक हप्ते कार्जक्रम अन्तर्गत मधेश आईल बतवनी ।

उ कहनी “बहुते लोग मधेश मे काहे ना अईनी, कहिया आएम कहला पर हम कहनी, बरीसो से विभेद मे परल मधेश मे तईयारी के साथ आवेके पडि । उहे मुताविक हि मधेश मे पाइला रखले बानी । एक बेर पाइला राखला के बाद अब जर गाडके मात्र फिर्ता जाएम ।”

एकरा से पहिले मधेश के मुहार बदलेम कहेवाला लोग आपन मुहार मात्र बदलल आरोप लगाति उ देश मे मात्र ना विदेश मे भी उलोग आफन्त के नाम मे उलोग सम्पती जोडल बतवनी । उ मधेश नेता उत्पादन करेवाला कारखाना मात्र ना इहाँ बन्द रहल कलकारखाना संचालन करके रोजगार सृजना करेवाला जगहा भी भईल बतवनी ।

मधेश से खोजल शिक्षा, स्वास्थ्य आ रोजगार राष्ट्रिय स्वतन्त्र पार्टी देवेके जिकिर कईनी ।

परिस्थितीले जन्माएको पार्टी राष्ट्रिय स्वतन्त्र पार्टी भएको बताउँदै उनले चुनाव सम्म मधेशलाई माया गर्ने एक सय एक सपुत खोजेर संसदमा लग्ने दाबी गरे ।

एहितरे बारा के निजगढ मे शुक के सँझिया आयोजना कईल जनसभा के सम्बोधन करत सभापति लामिछाने स्वतन्त्ररुप मे चलेवाला नागरिक के पकडके थुनल घटना बहुते लज्जास्पद् रहल बतवनी । लोकतन्त्र मे प्रदर्शन आ विरोध करे मिलेके अधिकार रहल कहत लामिछाने सरकार डराईल देखके हम लज्जित भईल बतवनी ।

आपन हाथ से शासनसत्ता जाएके आ आपन कर्तुत जनता के जानकारी होखेके भईला के चलते सरकार डराईल लामिछाने के तर्क रहे । उ गल्ती ना करे तक डराएके अवस्था ना आवेके बतवनी । हम दुर्गा प्रसाईं के समर्थक भा प्रशंसक ना भईल बतावत लामिछानेले सहकारी, लघुवित्त आ बैंक के बढल ब्याज से पीडित जनता के ज्यान उपरनिचे ना होखो कहके पक्ष मे रहल बतवनी ।

जनसभा मे रास्वपा उपसभापति डोलप्रसाद अर्याल, प्रतिनिधिसभा सदस्य मनिष झा, पूर्व बैंकर एवं रास्वपा प्रशिक्षण विभाग प्रमुख अनिल केशरी शाह, केन्द्रीय सदस्य दीपक बोहोरा, मधेश प्रदेश सभापति तपेश्वर यादव, जिल्ला संयोजक चन्दनकुमार स्वर्णकारण, बारा क्षेत्र नं. १ के उपसभापति नेत्रबहादुर कार्की, निजगढ नगर सभापति रामहरी खरेल लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।