कोरोना संक्रमण के आशंका मे ठोरी से एक युवक के वीरगंज पठावल गईल

वीरगंज १८ चईत,

पर्सा के ठोरी गाँवपालिका वार्ड नं. २ के एक युवक के कोरोना संक्रमण के आशंका मे वीरगंज लियावल गईल बा । पाँच दिन एने लगातार बोखार आईल ना छोडला के बाद उनका के कोरोना संक्रमण के आशंका मे ईलाज के खातिर वीरगंजस्थित नारायणी अस्पताल मे लियावल गईल बा । उनका के ईलाज के खातिर गाँवपालिका के टिपर मे वीरगंज पठावल गईल गाँवपालिका अध्यक्ष पदमलाल श्रेष्ठ जानकारी देहनी ।

“शंकास्पद मरेजी के गाँव मे राखेके बात ना भईल, वार्ड स्तरीय समन्वय समिति के आपतकालीन बईठक बईठके वीरगंज लेजाएके जानकारी आईल,” कहत उ, “चालक के संक्रमण ना होखो कहके टिपर मे पठावे खातिर निर्णय मे पुगनी,” सबेरे मरेजी के परिवार समस्या बारे मे जानकारी करावत ईलाज के खातिर सम्बन्धित अस्पताल मे लेजाए खातिर निहोरा कईला पर भी सँझिया मात्र वीरगंज पठावल गईल रहे ।

कोरोना संक्रमित मरेजी के गाँव के रास्ता प्रयोग करे ना देवेके कहके वार्ड नं ४ विजयवस्ती, फारलाइन, विशालचोक मे स्थानीय पथल राख के अवरोध कईला के चलते मरेजी के वीरगंज पठावे खातिर देरी भईल अध्यक्ष श्रेष्ठ के कहनाम बा ।

“कोरोना भाइरस संक्रमित के गाँव के रास्ता लेजाए ना देवेके कहत कुछ उछृङ्खल आदमी अनेकन जगहा मे सडक मे पथल राख के अवरोध कईलें,” कहत उ, “बाद मे सम्झा बुझा के हटावल गईल, ओकरा चलते मरेजी के वीरगंज पठावे मे देरी भईल ।”

भारत के नयाँ दिल्ली मे नोकरी करत आईल २१ बरीस के उ युवक मार्च १९ तारिक अर्थात चईत ६ गते गाँव मे आईल रहलन । उनका ५ दिन से बोखार अईला के बाद दवाई खाके घर मे रहत आईल रहलन । दवाई खईला के बाद भी मुडि दुखाएके, बोखार आवेके, खोकी लागेके जईसन स्वास्थ्य समस्या देखल गईल रहे ।

उनकर बारेमे बर अईला के बाद गाँवपालिका मार्फत गाडी पठाके ईलाज के खातिर वीरगंज पठावल गईल पालिकाका स्वास्थ्य संयोजक रमेशराज थिङ जानकारी देहनी ।

इलाका प्रहरी कार्यालय ठोरी के प्रहरी निरीक्षक अशोक साह के मुताविक दिल्ली से घर फिर्ता आवेके समय मे सीमा नाका मे उनकर बोखार जाँच कईला पर बोखार ना रहे ।

एहितरे आपतकालिन वार्ड २ स्तरीय समन्वय समिति के बईठक बईठके कोरोना संक्रमण रोकथाम तथा नियन्त्रण के खातिर सरस्वती मावि ठोरी मे क्वारेन्टाइन सञ्चालन करेके निर्णय भईल वार्ड अध्यक्ष किशोर तामाङ बतवनी । बईठक से वार्ड भितर भारत लगायत आउर देश से आईललोग के लगत राखेके, प्रचारप्रसार अभियान के तेजी देवेके निर्णय भी भईल तामाङ बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।