प्रदेश २ मे ३ सय ४९ जने क्वारेन्टाइन मे

बर्दिबास १८ चईत,

प्रदेश २ मे ३ सय ४९ जने के क्वारेन्टाइन मे राखल गईल बा । भारत, कतार, साउदी अरेबिया, मलेसिया लगायत देश से आईल के कोरोना संक्रमण के आशंका मे प्रदेशभर के ८६ गो क्वारेन्टाइन मे राखल गईल स्वास्थ्य निर्देशनालय प्रदेश २ के वरिष्ठ जनस्वास्थ्य प्रशासक विजयकुमार झा बतवनी ।

सप्तरी मे १ सय ४७, सिरहा मे ३४, धनुषा मे २८, सर्लाही मे ५७, रौतहट मे ६९, बारा मे १४ जने करके ३ सय ४९ जने के क्वारेन्टाइन मे राख गईल बा । “७ जने के स्वाब संकलन करके काठमाण्डु पठावल गईल रहे,” कहत उ, “सातु जने के रिपोर्ट नेगेटिभ आईल बा ।” १५ दिन तक कोरोना संक्रमण के आशंका कईल के क्वारेन्टाइन मे राखला के बाद मात्र घर पठावेके उ बतवनी । संक्रमण फईले ना देवे खातिर घरपरिवार से दुर राख के बाहर से आईल के स्वास्थ्य अवस्था के बारे मे विशेष निगरानी कईल बा ।

कोरोना संक्रमित आ आशंकित के राखे खातिर प्रदेश २ मे १ हजार ९ सय ९६ बेड व्यवस्थापन कईल स्वास्थ्य निर्देशनालय जनवले बा । प्रदेश २ कोरोना संक्रमण के उच्च जोखिम मे बा । धनुषा, महोत्तारी से खाडी देश मे श्रम करे जाएवाला के संख्या बहुते बा ।

विदेश आउजाउ करेवाला के संख्या भी बहुते बा ।
प्रदेश २ के ८ गो जिल्ला के सीमा भारत से जुडल बा । सीमा लगेके स्थानीय के पारिवारिक सम्बन्ध भी भारत ओरी बा । रातारात भारत से एने प्रवेश करेवाला के संख्या भी बहुते बा ।

कोरोना के जाँच प्रदेश २ मे अभी तक सुरु नइखे भईल । सरकार वीरगंज के नारायणी अस्पताल, प्रादेशिक अस्पताल जनकपुरधाम आ गजेन्द्र नारायण सगरमाथा अस्पताल राजविराज मे कोरोना परीक्षण के खातिर ल्याब राखेके निर्णय कईले बा ।

“हमनी कोरोना जाँच के खातिर शंकास्पद के घेँट के स्वाब संकलन करके काठमाण्डु पठावत आईल बानी,” वरिष्ठ प्रशासक झा कहनी कि, “दु–तीन दिन भितर मे प्रदेश के तोकल गईल अस्पताल मे कोरोना जाँच के ल्याब सेटअप होके सुरु होखी ।” उपकरण के व्यवस्था भइल उ बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।