बजार अनुगमन टोली पुगला के बाद सोना चानी दोकानदारलोग के भागाभाग
बजार अनुगमन टोली पुगला के बाद सोना चानी दोकानदारलोग के भागाभाग

वीरगंज २० जेठ
वीरगंज मे एतवार के दिने बजार अनुगमन समिति सोना चाँनी दोकानसब के अनुगमन के खातिर पुगला पर अधिकांश दोकानदारलोग के दोकान बन्द करके भागभाग भईल रहे । अनुगमन के खातिर पुगेसे पहिले अधिकांश सोना चाँनी दोकानदारलोग दोकान हि बन्द करके भागल अनुगमन टोली मे संलग्न गुणस्तर तथा नापतौल कार्यालय वीरगंज के कर्मचारी मनिष गुप्ता बतवनी ।
गुणस्तर तथा नापतौल कार्यालय वीरगंज के निरीक्षक रामप्रसाद लम्साल के नेतृत्व मे एतवार के दिने सानाचाँनी दोकानसब के अनुगमन करे खातिर सरोकारवाला निकाय के प्रतिनिधि संलग्न टोली खटल रहे ।
उ अनुगमन टोली मे जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा, वाणिज्य आपूर्ति तथा उपभोक्ता संरक्षण कार्यालय वीरगंज, जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा आ उपभोक्ता हित संरक्षण मञ्च नेपाल पर्सा के प्रतिनिधि सहभागी रहलन ।
अनुगमन टोली एतवार के दिने वीरगंज के माईस्थान आ मिनाबजार क्षेत्र मे रहल सोनाचानी दोकानसब के अनुगमन के खातिर निकलल रहे । माकिर अनुगमन मे पुगला पर अधिकांश सोनाचाँनी दोकानदारलोग दोकान हि बन्द करके भागल आ अनुगमन मे असहजोग कईल अनुगमन टोली मे संलग्न उपभोक्ता हित संरक्षण मञ्च के सचिव अजित भुजेल भी जानकारी देहनी ।
अधिकांश दोकानदारलोग दोकान हि बन्द करके गईला से ६ गो दोकान मे अनुगमन कईल बतावत गुणस्तर तथा नापतौल कार्यालय वीरगंज के कर्मचारी गुप्ता बतवनी । अनुगमन कईल दोकानसब मे गुणस्तर तथा नापतौल मे कउनो गलती ना मिलला पर भी दोकान के नवीकरण ना कईल मिलला से तीन दिन भितर नवीकरण करावे के निर्देशन देहल गईल गुप्ता जानकारी देहनी ।
उनका मुताविक सोनाचानी दोकानदारलोग व्यापारिक नियम के पालना कईल ना कईल तौल आ शुद्धता के मापन पालना भईल ना भईल तथा कर तिरल ना तिरल बारेमे अनुगमन करे खातिर टोली खटल रहे । व्यापारी के डर त्रास देवे खातिर ना होके सोनाचानी दोकानसब मापदण्ड आ नियम के पालना कईल ना कईल तथा ग्राहकलोग उलोग से ठगात आईल अवस्था भईल ना भईल बारेमे अनुगमन करेके खोजल उ बतवनी ।






