कालिकामाई मे स्थानिय युवकद्वारा गरिब परिवार के राहत सहजोग

वीरगंज १८ चईत,
पर्सा के कालिकामाई गाँवपालिका वार्ड नम्बर ५ सेमराटोल मे आजु एगो युवक गरिब परिवार के खाएवाला सामान सहजोग कईले बानी ।
कालिकामाई गाँवपालिका वार्ड नं. ३ हरिहपुरबिर्ता निवासी जल तथा मौसम बिज्ञान कार्यालय तुलसीपुर दांग मे कार्यरत अकलेश चौरसिया ८ बिपन घरपरिवार के चाउर, दाल, तेल, नुन आ साबुन सहजोग कईले बाडन । अभी तुलसीपुर मे रहल चौरसिया स्थानिय पत्रकार छठु साह मार्फत राहत बँटले बानी ।
विश्व व्यापी रुप मे फईलल कोरोना संक्रमण रोकथाम के खातिर नेपाल सरकार से कईल लकडाउन के समय मे समस्या भईल बहुते गरिब घरपरिवार के मानवता के नाता से सहजोग कईल चौरसिया बतवनी ।
पत्रकार साह संगे ईलाका प्रहरी कार्यालय पोखरीया के प्रहरी निरिक्षक चन्द्र कुमार आ समाजसेवी अनिल प्रसाद उ परिवार के घर घर मे पुग के खाद्यान्न सामान सहजोग कईले रहलन ।






