वीरगंज महानगर वार्ड नं. १९ मे राहत के विषय मे दु पक्षबीच झडप, १९ जने घायल

वीरगंज १९ चईत,

वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. १९ स्थित बर्वा गाँव मे लकडाउन से समस्य मे पडल परिवार के लगत संकलन करेके विषय मे दु पक्षबीच झडप भईला पर १९ जने घायल भईल बाडन ।

पुलीस के मुताविक लगत संकलन के विषय मे बुध के दिने दु पक्षबीच झडप भईला पर जनानी तथा लईकालइकी सहित १९ जने घायल भईल बाडन ।
घायल मेसे १६ जने के नारायणी अस्पताल मे ईलाज हो रहल बा ।

झडप मे  ३० बरीस के विनोद यादव, ६१ बरीस के शम्भु प्रसाद यादव, ४० बरीस के गर्भु यादव, १५ बरीस के रंिजता यादव, १५ बरीस के देवेन्द्र यादव, १८ बरीस के प्रेम सागर यादव, १० बरीस के विवेक यादव, १२ बरीस के श्याम यादव, १७ बरीस के रविन्द्र प्रसाद यादव, ९ बरीस के राज यादव, ५५ बरीस के प्रभुप्रसाद यादव, ४२ बरीस के उदयप्रसाद यादव, २१ बरीस के विक्की यादव, ३२ बरीस के किशोरीलाल यादव, १८ बरीस के शत्रुधनप्रसाद यादव, ३६ बरीस के जियालाल प्रसाद घायल भईल बाडन ।

घायल मेसे कुछ के मुडि मे चोट लागल बा आ कुछ के हाथ टुटल बा । कैयन के नाक मे, हाथ, गोड मे चोट लागल अस्पताल जनवले बा ।

स्थानीय के मुताविक महानगरपालिका वार्ड नम्बर १९ मे राहत सामान बाँटे खातिर १ लाख २५ हजार रोपेया पठावे के निर्णय कईले रहे ।

जरुरी भईल के राहत सामान बाँटे खातिर वार्ड अध्यक्ष सन्तोष तिवारी के अध्यक्षता मे मंगर के दिने बईठल बईठक से सर्वदलीय राहत वितरण समिति गठन कईले रहे । आ गाँव स्तर मे लोटन महतो आ विन्दवासिनी मे महम्मद समिम के संयोजकत्व मे समिति गठन कईल रहे ।

लकडाउन के समय समस्या मे पडल परिवार के पहिचान करके विवरण करे खातिर वार्ड कार्यालय मे पठावे के जिम्मा समिति के देहल गईल रहे ।

बुध के दिने सबेरे बर्वा गाँव मे समिति के सदस्यलोग प्रभावित वास्तविक परिवार के विवरण संकलन करेके समय मे समिति के सदस्यबीच हि विवाद भईला के बाद झडप भईल स्थानीय बतवले बाडन ।

समिति के सदस्य प्रभु यादव आ स्थानीय उपेन्द्र यादव पक्षबीच विवाद भईला पर दुनु पक्ष एक दोसर उपर हाथपात कईले रहलन । उपेन्द्र पक्ष लगत संकलन के समय मे समिति के सदस्य पक्षपात कईला के बाद विरोध कईल दाबी कईले बाडन ।

राहत विरतण करे खातिर लगत संकलन करेके समय मे एक दोसर उपर अनेकन आरोप लगावत झडप कईल वार्ड अध्यक्ष सन्तोष तिवारी जानकारी देहनी ।

‘लक डाउन मे का वास्तव मे समस्या मे बाडन, केकरा के राहत देवेके, केकरा जरुरत नइखे कहके छनौट करे खातिर दु गो गाँव मे समिति बनावल गईल बा ।’ कहत तिवारी, ‘सरकार से देवेवाला राहत कहला के बाद सभी के आश होखी, माकिर वार्ड मे दु हजार घरधुरी बा, सभी के देहल ना जा सकता ।

काथि कईसे केकरा के देवेके छलफल के समय मे झगडा कईले बाडन ।’
झडप मे संलग्न रहल आरोप मे पुलीस ४÷५ जने के नियन्त्रण मे लेहल उ बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।