वीरगंज से दु जने के स्वाब काठमाण्डु पठावल गईल

वीरगंज २० चईत,

कोरोना संक्रमण के आशंका मे पर्सा के ठोरी गाँवपालिका–२ से वीरगंज लियावल गईल युवक आ उनकर भाइ के ‘थ्रोट स्वाब’ संकलन करके परीक्षण के खातिर काठमाण्डु पठावल गईल बा ।

कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) संक्रमण के लक्षण सँगे मिलेजुलेवाला लक्षण युवक मे देखल गईला के बाद स्वाब परीक्षण के खातिर काठमाण्डु पठावल गईल बा । उनका सँगे आईल नाता मे भाई परेवाला आदमी के भी नमुना संकलन करके जाँच के खातिर पठावल गईल बा ।

बुध के दिने हि स्वाब जाँच के खातिर एम्बुलेस मे शुक्रराज ट्रपिकल तथा सरुवा रोग अस्पताल टेकु मे पठावल गईल नारायणी अस्पताल के मेडिकल सुपरीटेन्डेन्ट डा मदन उपाध्याय जानकारी देहनी ।

दु जने मेसे संक्रमण के आशंका कईल आदमी भारत के दिल्ली से आईल बाडन । उलोग सँगे अईला से दोसर आदमी के भी नमुना संकलन करके पठावल गईल बा,’ डा उपाध्याय कहनी कि, ‘एम्बुलेन्स मे पठावल गईल रहे, रात मे हि टेकु पुगाके आइल बा ।’
कोरोना भाइरस संक्रमण के आशंका भईला पर भी उनकाके ठोरी गाँवपालिका के टिपर मे राख के नारायणी अस्पताल मे पठावल गईल रहे ।

चईत १८ गते रात अस्पताल आइल उलोग के प्रारम्भिक जाँच के बाद आईसोलेसन मे राखल गईल बा । नारायणी अस्पताल मे अभी ५ बेडे के आइसोलेसन बा आ आउर २० गो बनावल जा रहल बा ।

अस्पताल दु हप्ता पहिले भी एक जने के नमुना परीक्षण के खातिर टेकु पठावल रह । भारत से आईल उ आदमी के रिपोर्ट नेगेटिभ आईल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।