पुलीस से दुव्र्यवहार कईल कहत वीरगंज के दवाई दोकान बन्द

वीरगंज ०६ बैशाख,
नेपाल औषधि व्यवसायी संघ पर्सा के अध्यक्ष ताजुदिन अन्सारी उपर पुलीस दुव्र्यवहार कईल कहत वीरगंज मे रहल दवाई दोकानसब आजु दिन से बन्द भईल रहे ।
पुलीस से अभद्र व्यवहार कईल आरोप लगावत औषधि व्यापारी आ दोकानदारलोग वीरगंज के सभी दवाई दोकानसब आजु दिन के करिब २ बजे से बन्द कईले रहलन ।
लकडाउन मे सरकार आ स्थानीय प्रशासन दवाई दोकानसब २४ से घण्टा खुल्ला राखे खातिर निर्देशन हि देहला पर भी उलोग दोकान बन्द कईले बाडन ।
आजु दिन के माइस्थानचोक मे संघ के अध्यक्ष अन्सारी के मोटरसाइकल पुलीस छिनला के बाद ओकर विरोधम मे दोकानदार आ व्यपारीलोग दिन के करिब २ बजे से दवाई दोकानसब बन्द कईले बाडन ।
घर के सरसामान किन के दोकान खोले जाएके समय मे माइस्थान चोक मे पुलीस आपन मोटरसाइकल छिन के नियन्त्रण मे लेहल अध्यक्ष अन्सारी बतवनी ।
सबेरे ११ बजे से किराना दोकानसब खुलला के बाद घर के सामान किन के दोकान खोले जात रहनी, कहत माकिर पुलीस रोक के मोटरसाइकल नियन्त्रण मे लेहलख, संघ के परिचयपत्र देखईला पर भी ना मनलन ।
औषधि व्यवसायी संघ के परिचयपत्र देखईला पर भी पुलीस जगहा जगहा मे रोक के दुव्र्यवहार करत दोकान खोले जाए ना देहला के बाद ओकर विरोध मे सभी दवाई दोकानसब बन्द कईल संघ के नारायणी अन्चल शाखा के महासचिव पप्पु झा बतवनी ।
संघ के महासचिव झा के मुताविक सवारी पास के खातिर लकडाउन शुरु भईल दिन चईत ११ गते जिल्ला प्रहरी कार्यालय मे गईला पर पुलीस उपरिक्षक गंगा पन्त संघ के परिचयपत्र के पास के रुप मे मान्यता देवेके बतवले रहनी ।
माकिर शनिचर से पुलीस सवारी पास खोज के रास्ता मे अवरोध करत दुव्र्यवहार भी करे लागला से दोकानसब बन्द कईल बतवनी ।
पर्सा के प्रहरी उपरिक्षक गंगा पन्त दवाई दोकानदारलोग लकडाउन मे मिलल सहुलियत के दुरुपयोग कईल बतवनी ।
दवाई दोकान खोले गईला पर ना होके दोसर काम के खातिर मोटरसाइकल मे चलके लकडाउन उल्लंघन कईला से ओईसन दोकानदारलोग के मोटरसाइकल पुलीस नियन्त्रण मे लेहल बतवनी ।
उ कहनी कि,” दवाई दोकानदारलोग दोकान ना खोलला पर दोसर विकल्प खोजल जाई माकिर पुलीस आपन कदम से पछाडि ना हटी ।
नेपाल औषधि व्यवसायी संघ के मुताविक वीरगंज मे खुद्रा आ थोक करके २ सय २९ दवाई दोकान बा ।






