प्रदेश २ : कोरोना परीक्षण ल्याब ‘सेटअप’ मे झमेला

जनकपुरधाम २० चईत,
कोरोना (कोभिड–१९) भाइरस के उच्च जोखिम मे प्रदेश २ रहला पर भी इहाँ कोरोना भाइरस संक्रमण पत्ता लगावेवाला ल्याब के सेटअप मिलावे मे भी झमेला भईल बा ।
मंगर के सँझिया हि कोरोना जाँचेवाला मेसिन आ उपकरणसब जनकपुर प्रादेशिक अस्पताल मे अईला पर भी ल्याब के व्यवस्थापन कउन जगहा मे करेके बारे मे विवाद भईल ।
राष्ट्रिय जनस्वास्थ्य प्रयोगशाला काठमाण्डु से ल्याब सेटअप के खातिर माइक्रो बायोलोजिस्ट सुरेन्द्र मधुप आ भाइरोलोजिस्ट विपिन तिमिल्सिना मेसिनसहित जनकपुर आईल दु दिन बितला पर भी जाँच के काम अगाडि बढे सकल नइखे ।
‘हमनी बुध के दिने २ बजे के बाद मात्र ल्याब सेटअप के खातिर कोठरी मिलल,’ कहत मधुप, ‘कोठरी मे बिजुली के वायरिंग से लेके सभी काम करावे के बाँकी भईला से मेसिन जडान मे देरी भईल बा ।’
उ बियफे के दिने सँझिया से चेकजाँच के प्रक्रिया सुरु करेके तइयारी रहल बतवनी ।आउर प्रदेशसब मे हेलिकप्टर चार्टर्ड करके मेसिन लिअईला पर भी प्रदेश २ मे भ्यान मे लियावल गईल बा । प्रदेश सरकार हेलिकप्टर के भाडा तिरेके ना मानला के बाद भ्यान मे मेसिन लियावे के पडल बा ।
मेसिन प्रादेशिक अस्पताल मे लिअईला के बाद अस्पताल के कुछ कर्मचारी आ चिकित्सक से जगहा उपलब्ध करावे ना सकेवाला बनवले रहलन । उलोग भाइरस के जोखिम के डर से अईसन कईल हो सकेके मधुप के अनुमान बा ।
मेसिन राखेवाला जगहा मे विवाद भईला के बाद प्रादेशिक अस्पताल के मेडिकल सुपरिटेन्डेन्ट डा. नागेन्द्रप्रसाद यादव ओपीडी सेवा सञ्चालित भवन के तिसरका तल्ला मे रहल डाक्टर के बईठक कोठरी आ ओकरा सँगे के दोसर कोठरी ल्याब संचालन के खातिर उपलब्ध करवले बाडन । अभी उहे कोठरी मे ल्याब सेटअप हो रहल बा ।
कोरोना जाँच के खातिर ४५० किलोग्राम के बायो सेफ्टी क्याबिनेट मेसिन, अटो केल्भ मेसिन, पोर्टेबल रियल टाइम मेसिन, केमिकल रि–एजेन्ट मेसिन प्रयोगशाला से लियावल गईल बा । ई ल्याब व्यवस्थित भईला पर प्रदेश से कोरोना संक्रमित मरेजी के पत्ता लगावल जा सकता ।
मेसिन के क्षमता मुताविक प्रतिदिन १० जने तक मरेजी के जाँच कईल जा सकता । काठमाण्डु से आईल दु जने आ अस्पताल के आउर जनशक्ति के सहजोग मे अभी ल्याब के काम सुरु करेके जनावल गईल बा ।
स्वास्थ्य मन्त्रालय २ नम्बर प्रदेश मे कोरोना भाइरस के चेकजाँच के खातिर ५ सय किट पठवले बा । एहितरे संघीय सरकार मार्फत प्रदेश सरकार के सामाजिक विकास मन्त्रालय के १ हजार सेट पीपीई पठावल गईल बा ।





