सप्तरी मे रास्ता मे छिटल अवस्था मे पईसा मिलल

सप्तरी १६ वैशाख

जिल्ला के तिरहुत गाँवपालिका मे पईसा के नोटसब छिटाईल अवस्था मे मिलल बा ।
तिरहुत गाँवपालिका वार्ड नम्बर ८ गोइठीस्थित वस्ती मे मंगर के सबेरे कुछ पईसा छिटाईल अवस्था मे मिलल बा ।

उ जगहा से २ सय ७५ रोपेया छिटाईल अवस्था मे मिलल इलाका प्रहरी कार्यालय कञ्चनपुर के प्रमुख प्रहरी नायव उपरीक्षक मकेन्द्र मिश्र जानकारी देहनी । उनका मुताविक ५, १०, २०, ५० आ १०० रोपेया के नोट छिटाईल मिलल बा । सोमार के रात हि वस्ती मे पईसा छिताईल देखला के बाद स्थानीय सबेरे पुलीस के खबर कईले रहलन ।

पुलीस चौकी डिमन से खटल पुलीस टोली उ रोपेया सुरक्षित साथ राखल बतावत नायव उपरीक्षक मिश्र उ नोट के जाँच करेके बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।