गाँवपालिका राहत बाँटे खातिर बोला रहल, पुलीस पकडरहल

वीरगंज २२ चईत,

हेटौंडा से राहत सामान लेके पर्सा आईल एक गैरसरकारी संस्था भोर के अध्यक्ष राजकुमार महतो सहित पाँच जने के पुलीस पकडले बा ।
सखुवाप्रसौनी गाँवपालिका–१ धाँगड (उराव) बस्ती मे राहत लेके आईल महतो सहित पाँच जने के पुलीस पकडले बा ।

महतो सहित हेटौंडा के रमेश सापकोटा, जागृत पौडेल, जीतपुर के कामेश्वर चौरसिया आ सिमरा के प्रकाश पौडेल के पुलीस पकड के जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा मे रखले बा ।

१९ परिवार के खातिर राहत लेके बा २ च ५६७५ नम्बर के पिकअप गाडी मे पर्सा आईल उलोग के सखुवाप्रसौनी से पुलीस राहत सामान सहित सबेरे साढे ११ बजे के समय मे नियन्त्रण मे लेहले रहे ।

प्रतिपरिवार १८ किलो चाउर, दु किलो दाल, एक प्याकेट नुन, एक लिटर तेल, मसला एक प्याकेट, ४ थान मास्क आ दु पिस साबुन सहित के १९ प्याकेट उलोग लिआईल रहलन । जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रमुख प्रहरी उपरीक्षक गंगा पन्त कहनी कि संस्था अनुमति ना लेके राहत बाँटे लागल जानकारी मिलला के बाद छानबिन के खातिर नियन्त्रण मे लेहल बतवनी ।

‘राहत वितरण करे सकेवाला संस्था ह भा ना, कईसे राहत संकलन कईले बाडन । बुझे खातिर लियावल गईल बा,’ कहत उ, ‘कउनो अपराधिक गतिविधि मे संलग्न होके लियावल नइखे ।’ संस्था के अध्यक्ष महतो सखुवाप्रसौनी गाँवपालिका के निहोरा मे राहत सामान लियावल माकिर पुलीस से नियन्त्रण मे लेहल दाबी कईले बानी । ‘विपन्न समुदाय के सहजोग करीं कहके गाँवपालिका बोला के राहत देवे खातिर अईनी । माकिर, पुलीस पकड के जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा मे रखले बा,’ कहके बतवनी ।

जिल्ला प्रहरी कार्यालय मकवानपुरमे पास के खातिर पहल कईल गईल माकिर पास ना मिलला के बाद फुन मे बात करके महतो के टोली गाँव पुगल रहे । माकिर राहत वितरण करे से पहिले पुलीस पकडले रहे ।

भोर सँगे समन्वय भईल बा ः अध्यक्ष जयसवाल
सखुवाप्रसौनी गाँवपालिका अध्यक्ष प्रदीप जयसवाल बेसी जोखिम मे रहल उराव समुदाय के १९ परिवार के राहत देवे खातिर भोर सँगे समन्वय कईल जानकारी देहनी ।

‘अतिविपन्न परिवार के बाडन । एक छाक खाएमे उलोग के समस्या बा । भोर संस्था सहजोग करेम कहलख, बाहर से लिअईहन त काहे ना लेवेके कहत मँगवले बानी,’ कहत उ, ‘उहाँ से पुलीस नियन्त्रण मे लेके जिल्ला लेगईल बा । कइसे करेके समझमे नइखे आवत । पालिका मे जनता कहाँ समस्या मे बाडन हमनी के हि जानकारी होखी ।’

जरुरी पडल के सहजोग करे खातिर गाँवपालिका ९ सय प्याकेट राहत सामान तइयार करके रखला पर भी वार्ड अध्यक्षलोग एके बेर राहत बाँटेके कहला से वितरण करे ना सकल अध्यक्ष जयसवाल के कहनाम बा ।
गाँवपालिका कार्यालय के सूचना प्रविधि अधिकृत प्रमानन्द राय हस्ताक्षर कईल पत्र मे भी लकडाउन के चलते वार्ड नम्बर १ मे रहल विपन्न उराव समुदाय के १९ घर परिवार के भोर संस्था से देवे लागल खाद्यान्न सामान गाँवपालिका तक सहज तथा सरल रुप मे लियावे खातिर सहजीकरण करे खातिर निहोरा कइनी ।
समन्वय ना भईला से पकडल गईल ः प्रजिअ
प्रमुख जिल्ला अधिकारी विष्णुकुमार कार्की समन्वय ना करके राहत वितरण के खातिर अईला से अनुसन्धान के खातिर नियन्त्रण मे लेहल बतवले बानी । ‘स्वीकृति ना लेके मकवानपुर से गाडी आईल बा । फुन मे बात कईल भर मे ना होखी, का ह कईसे ह विस्तृत विवरण देवेके पडल,’ प्रजिअ कार्की कहनी ।

उ खुद के जानकारी ना करावल कहत प्रजिअ कार्की पुलीस से अनुसन्धान के खातिर नियन्त्रण मे लेहल जानकारी देहनी । एकद्वार प्रणाली से राहत वितरण करेके नीति सरकार से लेहला से उहे मुताविक जाएके उनकर तर्क बा ।

माकिर, पालिका से समन्वय करके राहत बाँटे सकेके निर्णय एकरा स पहिले भईल रहे । ओकर विवरण पालिका जिल्ला प्रशासन कार्यालय मे पठावे के कहला पर भी ना पठावल जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।