वीरगंज मे २ चिकित्सक सहित १५ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि

वीरगंज १३ सावन,

वीरगंज के नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला मे कईल परीक्षण मे आउर १५ जने मे कोरोना भाइरस संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

सोमार के रात वीरगंज के २ चिकित्सक सहित १५ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल अस्पताल के मेसु डाक्टर मदन उपाध्याय जानकारी देहनी ।

संक्रमण पुष्टि भईल दुनु चिकित्सक नारायणी अस्पताल मे कार्यरत बाडन ।

नारायणी अस्पताल मे कार्यरत ३१ बरीस के एक पुरुष कर्मचारी मे भी संक्रमण मिलल बा ।

एहितरे जगदम्बा इन्टर प्राइजेज उद्योग मे कार्यरत ४८ बरीस के, ५६ बरीस के आ २६ बरीस के पुरुष मे भी कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

जगदम्बा इन्टरप्राइजेज के सिइओ मे बितल सावन ६ गते संक्रमण पुष्टि भईला के बाद उनकर कन्टयाक्ट ट्रेसिङ के समय मे ३ जने कर्मचारी मे भी संक्रमण मिलल बा ।

एहितरे स्वेच्छा से खुदे पईसा तिरके पीसीआर जाँच करावल वीरगंज ७ लोहरपट्टी के ५५ बरीस के, वीरगंज १३ के ३४ बरीस के, वीरगंज ७ के ३३ बरीस के आ वीरगंज १३ के २३ बरीस के पुरुष मे भी सोमार के रात संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के थुनुवा कक्ष मे रहल वीरगंज के २३ बरीस के एक युवक आ बारा के कलैया उपमहानगरपालिका ५ घर भईल ४१ बरीस के पुरुष मे भी संक्रमण पुष्टि भईल मेसु उपाध्याय जानकारी देहनी ।

वीरगंज ११ श्रीपुर के ४५ बरीस के जनानी मे भी संक्रमण मिलल बा ।

एहितरे भारत के बैंगलोर से आईल वीरगंज २३ सबैठवा के २६ बरीस के पुरुष आ पर्सा के ठोरीस्थित सरस्वती मावि के क्वारेन्टाइन मे बईठल ५६ बरीस के पुरुष के भी पीसीआर परीक्षण रिपोर्ट पोजिटिभ आईल बा ।

सोमार के रात संक्रमण पुष्टि भईल १५ जने मेसे १ जने बारा, १ जने इलाम के हउवन आ बाँकी १४ पर्सा के निवासी हउवन ।

सोमार के रात संक्रमण पुष्टि भइल १५ जने मेसे १३ जने पर्सा के, १ जने बारा आ १ जने इलाम के रहल जिल्ला स्वास्थ्य कार्यालय पर्सा के स्वास्थ्य निरीक्षक जयमोद ठाकुर बतवनी ।

पर्सा के आउर १३ जने मे संक्रमण पुष्टि भईला सँगे पर्सा जिल्ला मे संक्रमित के संख्या २७२ पुगल स्वास्थ्य निरीक्षक ठाकुर जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।