बारा से ९ जने मुस्लिम जमाती पकडईलें

बारा २२ चईत,

बारा पुलीस जमाती से फिर्ता आईल मुस्लिम समुदाय के ९ जने के नियन्त्रण मे लेहले बा । अस्थायी प्रहरी पोष्ट जोतपुर के टोली दशगजा क्षेत्र से उलोग के नियन्त्रण मे लेहले बा ।

पुलीस शनिचर के दिने सबेरे कलैया–१० से सप्तरी के महादेवा गाँवपालिका २, कञ्चनरुप नगरपालिकाका ३ आ कृष्णश्रवण गाँवपालिका के ३ जने करके ९ जने के नियन्त्रण मे लेहले रहे ।

कोरोना भाइरस के संक्रमण फईले ना देवे खातिर दुनु देश मे लकडाउन चल रहल समय मे उलोग सीमावर्ती भारतीय गाँव से चोरालुका के नेपाल आवत रहलन । लकडाउन मे भारत से नेपाल प्रवेश कर रहल ९ जने जमातीलोग के नियन्त्रण मे लेके कलैया अस्पतालस्थित क्वारेन्टाइन मे पठावल गईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के प्रवक्ता गौतम मिश्र जानकारी देहनी ।

“भारत मे तिर्थाटन जाके फिर्ता आईल बाडन,” कहत डिएसपी मिश्र, “लकडाउन मे चोरालुका के नेपाल अईला से दशगजा से नियन्त्रण मे लेके क्वारेन्टाइन मे पठावल गईल बा ।” उलोग दिल्ली मे धार्मिक सभा मे सहभागी होखे ना गईल आ बिहार के सितामढी, पूर्वी चम्पारण जिल्ला के अनेकन मस्जिद मे रहके फिर्ता आईल बतवले बाडन ।

एकरा से पहिले भारत के दिल्ली मे कोरोना भाइरस फईलावे मे मुख्य भूमिका खेलल कहल मुस्लिम धार्मिक सम्मेलन मे १९ जने नेपाली सहभागी भईल रहलन । उहाँ से फिर्ता भईल आशंका मे पुलीस बारा से ११ जने के एकरा से पहिले पकडले रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।