बोरा मे राख के भारत लेजारहल लईका लइकी के उद्धार, एक भारतीय पकडईलें

बारा ०३ भादो
नेपाली दु जने लईकालइकी के बोरा मे राखके भारत ओरी लेजारहल समय एक युवक के सिमावर्ती गाँवपालिका देवताल से सशस्त्र पुलीस नियन्त्रण मे लेहले बा ।
सशस्त्र प्रहरी बल के प्रहरी उपरीक्षक टोपबहादुर डाँगी के मुताविक देवताल गाँवपालिका–३ अमवा गाँव के शिवपुजन महतो के ९ महिना के बेटी आ प्रेमचन्द्र महतो के २ बरीस के बेटा के एतवार के दिने उद्धार करके नेपाल प्रहरी के जिम्मा लगावल गईल बा ।
लईकालइकी चोरी कईल आरोप मे भारत के पूर्वीचम्पारण मूर्तिया ग्राम पञ्चायत वार्ड नं ४ आदापुर के २२ बरीस के तबरेज आलम के नियन्त्रण मे लेहल प्रहरी उपरीक्षक डाँगी बतवनी । आलम उपर आउर अनुसन्धान हो रहल प्रहरी उपरीक्षक डाँगी बतवनी ।
उनका मुताविक बोरा मे राख के भारत ओरी लेजाएके समय मे बच्चासब रोवल आवाज सुनला के बाद उद्धार कईल बा । उद्धार कईल लईकालइकी के एतवार के दिने गारजियन के जिम्मा लगावल गईल बा ।





