रौतहट मे १८५ जने क्वारेन्टाइन मे, ५ घर गईलें

रौतहट २२ चईत,
रौतहट के स्थानीय तह से निर्माण कईल क्वारेन्टाइन मे रहेवाला के संख्या १८५ पुगल बा ।
वैदेशिक रोजगारी से फिर्ता भईल लोग जिल्ला के अनेकन जगहा मे निर्माण कईल २१ गो क्वारेन्टाइन मे बईठल बाडन ।
कोविड–१९ संक्रमित मिलला पर २५ गो आइसोलेसन बेड भी बनावल रौतहट के प्रमुख जिल्ला अधिकारी वासुदेव घिमिरेले जानकारी देहनी ।
‘क्वारेन्टाइन मे रहल मेसे ५ जने के घर फिर्ता पठावल गईल बा,’ प्रजिअ घिमिरे कहनी, ‘१२ जनानी आ १७३ पुरुष क्वारेन्टाइन मे बाडन ।’





