प्रदेश २ के कोरोना ईलाज कोष मे कांग्रेस के ४० लाख ७५ हजार

जनकपुरधाम २४ चईत,
प्रदेश २ के सरकार से स्थापना कईल कोरोना महामारी नियन्त्रण, रोकथाम तथा ईलाज के खातिर स्थापना कईल राहत कोष के नेपाली कांग्रेस रु ४० लाख ७५ हजार प्रदान कईले बा ।
कांग्रेस प्रदेश २ समिति उहाँ के प्रदेश सरकार से स्थापना कईल कोरोना भाइरस संक्रमण रोकथाम नियन्त्रण तथा ईलाज कोष मे ४० लाख ७५ हजार रोपेया जम्मा कईले बा ।
कोष मे पईसा सहजोग के खातिर प्रदेश २ समिति अन्तर्गत के ८ जिल्ला के समिति से सहजोग कईल बतावल गईल बा ।
सहजोग रकम हस्तान्तरण करे खातिर कांग्रेस प्रदेश २ संसदीय दल के नेता रामसरोज यादव, नेपाली कांग्रेस बारा के सभापति जयचन्द्र चौरसिया, कोषाध्यक्ष चन्द्रशेखरकुमार यादव लगायत सहभागी रहनी ।
एहितरे, प्रदेश २ से स्थापना कईल उ कोष के सोमार के दिने हि लक्ष्मी बैंक रु १० लाख आ सिभिल बैंक रु पाँच लाख प्रदान कईले बा ।
उ दुनु बैंक के प्रतिनिधि अलग अलग कार्जक्रम मे मुख्यमन्त्री राउत के चेक हस्तान्तरण कईले बाडन ।
उ कोष मे अभी तक मे रु एक करोड छ लाख ७५ हजार जम्मा भइल प्रदेश २ सरकार जनवले बा ।






