स्रोत ना खुलल ११ लाख रोपेया सहित एक जने पकडईलें
रौतहट ६ सावन
रौतहट से स्रोत ना खुलल ११ लाख रोपेया सहित एक जने पकडाईल बाडन ।
इशनाथ नगरपालिका–४ मठिया से उहे जगहा मे रहेवाला १९ बरीस के पवनकुमार सिन्हा पकडाईल बाडन ।
मठिया महुलिया से स्रोत ना खुलल उ रोपेया सहित उनका के नियन्त्रण मे लेहल रौतहट पुलीस जनवले बा ।
साइकल मे झोरा लटका के आ रहल सिन्हा के चेकजाँच करेके समय मे उ रोपेया बरामद भईल आ बरामद रोपेया के बारेमे आउर अनुसन्धान हो रहल रौतहट के प्रहरी उपरीक्षक रविराज खडका बतवनी ।