‘एजेन्ट’ के कसिमन ना देवे खातिर निगम के पर्यटनमन्त्री के निर्देशन

काठमाण्डु, २४ चईत,
संस्कृति, पर्यटन तथा नागरिक उड्डयनमन्त्री योगेशकुमार भट्टराई नेपाल वायुसेवा निगम के ‘चार्टर्ड फ्लाइट’ बापत के कसिमन एजेन्ट के ना देवे खातिर निगम नेतृत्व के निर्देशन देहले बानी ।
अष्ट्रेलियन दूतावास आपन २७४ नागरिक के स्वदेश लेजाए खातिर चईत १९ गते कईल निगम के ‘चार्टर्ड फ्लाइट’ मे एजेन्ट के रूप मे घुसावल गईल कहल बोन ट्राभल्स के कमिसन बापत के भुक्तानी अभी के रोके खातिर मन्त्री भट्टराई निगम के निर्देशन देहले बानी ।
पर्यटनमन्त्री भट्टराई निगम के निमित्त महाप्रबन्धक गणेशबहादुर चन्द आ कमर्सियल डिपार्टमेन्ट के निर्देशक टङ्कनिधि दाहाल के एजेन्ट के कमिसनबापत के भुक्तानी अभी के रोकेके निर्देशन देत एजेन्ट घुसावल विषय स्पष्ट करे खातिर निहोरा कईले बानी ।
एकरा से पहिले निगम के चार्टर्ड फ्लाइट मे ट्राभल एजेन्सी घुसाके रु २७ लाख रोपेया से बेसी नोक्सानी कईल समाचार प्रकाशन भईला के बाद मन्त्री भट्टराई तत्काल निगम के नेतृत्व के बोलाके ई विषय स्पष्ट करे खातिर निर्देशन देहले रहनी ।
उ सम्बन्ध मे निगम के वाणिज्य विभाग अष्ट्रेलियन दूतावास हि चार्टर्ड सेवा सहजीकरण के खातिर बोन ट्राभल्स के एजेन्ट नियुक्ति के खातिर लिखल पत्र के चलते बोन ट्राभल्स के ‘एजेन्ट’ तोकल गईल जानकारी करावल गईल रहे । माकिर मन्त्री भट्टराई एजेन्ट घुसावल विषय मे सभी तथ्य आ प्रक्रिया स्पष्ट करेके कहले बानी । नियतबस एजेन्ट घुसाके अनियमितता कईल भईला पर एमे संग्लन के कारवाही के दायरा मे लियावे के चेतावनी मन्त्री भट्टराई देहनी ।
अष्ट्रेलियन दूतावास देहल काठमाण्डु–अष्ट्रेलिया–काठमाण्डु उडान बापत के चार लाख ३९ हजार २०० डलर आ हरेक यात्रु के ट्याक्स भी करके पाँच करोड ४८ लाख ४३ हजार रोपेया निगम के खाता मे जम्मा भइल बा । बोन ट्राभल्स ‘एजेन्ट’ होके काम कईला बापत पाँच प्रतिशत अर्थात् २७ लाख ४५ हजार ७७० रोपेया मिलल समाचार प्रकाशित भईल बा ।
माकिर निगम के निमित्त महाप्रबन्धक गणेशबहादुर चन्द अष्ट्रेलियन दूतावास से तिरल पईसा निगम के खाता मे जम्मा भईल आ बोन ट्राभल्स के कसिमनबापत के रकम देके ना सकल बतवनी इहे चईत १९ गते बुध के दिने निगम के जहाज काठमाण्डु से अष्ट्रेलियन नागरिक लेके अष्ट्रेलिया के ब्रिसबेन उडल रहे ।
नेपाल एअरलाइन्स प्रतिघण्टा १८ हजार १०० डलर के दर से शुल्क लेहले बा । निगम २५ घण्टा (काठमाण्डु–अष्ट्रेलिया–काठमाण्डु) उडान के चार्टर बापत के रकम पाँच करोड ४९ लाख १५ हजार ४०० रोपेया तिरले बा । इहे उडान मे नेपाल वायुसेवा निगम एजेन्ट घुसा के अनियमितता कईल समाचार बाहर अईला के बाद मन्त्री भट्टराई ‘एक्सन’ लेहले बा ।






