मसाल जुलुस निकालला पर पुलीस से झडप

जनकपुरधाम ११ पुस

संसद विघटन के विरोध मे जनता समाजवादी पार्टी (जसपा) से निकालल मसाल जुलुस मे पुलीस हस्तक्षेप कईले बा । उ समय मे दु बेर झडप भी भईल रहे ।

रेल्वे स्टेशन से निकलल मसाल जुलुस के पुलीस रोकेके खोजला पर कुछ देर झडप भईल रहे । उहाँ पुलीस पछाडि हटला के बाद जुलुस भानुचोक, शिवचोक होत जनक चोक पुगल रहे ।

माकिर कोणसभा चल रहल समय प्रदर्शनकारी मेसे आगी बारल मसाल पुलीस ओरी बिगला के बाद फेनु तनाव भईल रहे । पुलीस लाठीचार्ज कईला पर कुछ सामान्य घायल भी भईल रहलन ।

जसपा धनुषा के अध्यक्ष पुशपति यादव प्रदर्शनकारी के हाथ मे लाठी प्रहार कईला के बाद मसाल बिगा के पुलीस के लागल बतवले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।