कोरोना रोकथाम मे खटेवाला के मृत्यु भईला पर गाँवपालिका १५ लाख दि

सप्तरी २४ चईत,
सप्तरी के एक गाँवपालिका कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) महामारी मे मृत्यु होखेवाला परिवार के १५ लाख रोपेया क्षतिपूर्ति देवेके निर्णय कईले बा ।
कोरोना के महामारी नियन्त्रण मे खटल उ भाइरस के चलते मृत्यु भईला पर ५ लाख रोपेया क्षतिपूर्ति देवेके निर्णय कईल गाँवपालिका जनवले बा ।
जिल्ला के छिन्नमस्ता गाँवपालिका क्वारेन्टाइन मे खटल जनप्रतिनिधि, कर्मचारी आ दल के कार्यकर्ता के कोरोना से मृत्यु भईला पर १५ लाख रोपेया क्षतिपूर्ति देवेके निर्णय कईले बा ।
कोरोना नियन्त्रण मे खटल स्वास्थ्यकर्मी के बारे मे गाँवपालिका मौन बा ।
लकडाउन के समय मे समस्या मे पडल सर्वसाधारण के खातिर जरुरी सामान किनेके निर्णय भी गाँवपालिका से कईल गाँवपालिका उपाध्यक्ष उषा मण्डल जानकारी देहनी ।






