स्वास्थ्य सुरक्षा के सभी मापदण्ड पूरा : सभामुख

काठमाण्डु २६ वैशाख

सभामुख अग्निप्रसाद सापकोटा कोभिड–१९ के जोखिम होखे ना देके संसद बईठक सञ्चालन करे खातिर सांसद आ सम्बन्धित कर्मचारी के स्वास्थ्य सुरक्षा के खातिर जरुरी सभी मापदण्ड पूरा कईल जानकारी देहले बानी ।

उ कहनी कि, “वर्तमान परिस्थिति मे सङ्घीय संसद् के बईठक शुरु करेके जरुरत बा ।

बईठक के खातिर कोरोना के जोखिम होखे ना देवे खातिर जरुरी सभी मापदण्ड पूरा कईल बा ।”

सञ्चारकर्मी सँगे के भेट मे आजु उ विश्व स्वास्थ्य सङ्गठन से निर्देशन कईल मापदण्ड पूरा करके स्वास्थ्य क्षेत्र के विज्ञ सँगे के समन्वय मे बईठक सञ्चालन के तइयारी कईल आ सभी सांसद आ सम्बन्धित कर्मचारी के स्वास्थ्य परीक्षण कईल बतवनी ।

संवैधानिक व्यवस्था मुताविक आवेवाला जेठ १५ गते बजेट लियावे के आ ओकरा से पहिले पूर्वतइयारी के छलफल तथा आउर कार्जक्रम के खातिर अभी बजेट अधिवेशन प्रारम्भ करेके पडल उनकर कहनाम रहे ।

कोरोना सङ्क्रमण रोकथाम के खातिर सतर्कता अपनावे खातिर सांसद रहेवाला सिट मे दायाँ बायाँ एक मिटर ५० सेन्टीमिटर आ पछाडि एक ३० सेन्टीमिटर दूरी कायम कईल बा ।

एहितरे संसद् के छैवाँ अधिवेशन आजु से शुरु होखेके भईला के बाद कोभिड–१९ भईल÷ना भईल निक्र्योल करे खातिर दुनु सदन के सांसद्, कर्मचारी तथा मर्यादापालक करके ४४१ जने के बियफे के दिने थ्रोट स्वाब सङ्कलन कईल रहे ।

सङ्घीय संसद् के प्रतिनिधिसभा मे २७५ आ राष्ट्रियसभा मे ५८ सांसद बाडन । बाँकी सांसद, सुरक्षाकर्मी आ कर्मचारी के आजु स्वास्थ्य परीक्षण करेके जनावल गईल बा ।

बियफे के दिने सङ्कलित स्वाब के रिर्पाेट देरी मे आजु दुपहरिया ३ बजे तक आवेके आ उहाँ के आधार मे प्रवेश करा के मात्र बईठक सञ्चालन करेके तइयारी कईल गईल बा ।

सभामुख सापकोटा आजु दुपहरिया ४ बजे संसद् बईठक प्रारम्भ होखेके, इहे वैशाख २८ गते से ३० गते तक प्रि बजेट छलफल होखेके, आवेवाला जेठ २ गते सरकार के नीति तथा कार्जक्रम प्रस्तुत होखेके, जेठ १३ गते आर्थिक सर्वेक्षण आ जेठ १५ गते बजेट प्रस्तुत होखेके कार्जक्रम तय भईल जानकारी देहनी ।

राष्ट्रपति इहे वैशाख २१ गते प्रधानमन्त्री के सिफारिस मे सङ्घीय संसद् के छौ वाँ अधिवेशन शुक तक के खातिर आह्वान कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।