कोभिड–१९ नियन्त्रण मे महत्वपूर्ण दायित्व पूरा करे खातिर महासङ्घ के निहोरा

काठमाण्डु २४ चईत,
नेपाल पत्रकार महासङ्घ कोभिड–१९ नियन्त्रण मे महत्वपूर्ण दायित्व पूरा करे खातिर सिङ्गो सञ्चार क्षेत्र के निहोरा कईले बा ।
महासङ्घ के अध्यक्ष गोविन्द आचार्य आजु प्रेस विज्ञप्ति जारी करके कोभिड–१९ नियन्त्रण मे सञ्चार क्षेत्र के संयोजन आ समन्वय करे खातिर महासङ्घ केन्द्रीय समिति मातहत के सभी प्रदेश समिति, एशोसिएट संस्था, सभी जिल्ला तथा प्रतिष्ठान शाखा आ सदस्य साथी मे हार्दिकता के साथ निहोरा कईले बानी ।
“सर्वप्रथम विश्वव्यापी महामारी के रूप मे फईलरहल आ नेपाल मे उच्च जोखिम के चुनौती कायमे रहल कोरोना सङ्क्रमण नियन्त्रण के खातिर अनेको कठिनाइ आ जोखिम सहके सचेतनामूलक समाचार सामान के साथे सही सूचना नागरिक बिच पुगावे के महत्वपूर्ण दायित्व बहन करत आईल सभी पत्रकार आ सञ्चारमाध्यम के उच्च प्रशंसा करेके चाहत बानी”, विज्ञप्ति मे कहल गईल बा ।
महासङ्घ नेपाल मे कोरोना सङ्क्रमण से एगो चरण पार कईल सन्दर्भ उल्लेख करत चुनौती आ सङ्कटपूर्ण अवस्था मे आउर समस्या आ तमाम मतभेद के यथावत राख के कोरोना सङ्क्रमण नियन्त्रण के खातिर एगो मिसन के साथ अगाडि बढे खातिर तीन गो तह के सरकार, राज्य के सभी निकाय, सभी राजनीतिक दल, नागरिक सङ्घसंस्था, पेशाकर्मी, व्यवसायी लगायत सभी मे निहोरा कईले बा ।
जटिल अवस्था मे भी अनेको समस्या से लडके खुद के निरन्तरता देके जोखिम सहके सूचना तथा समाचार सामग्री प्रवाह कर रहल सञ्चारमाध्यम के हक मे प्याकेज मे योजना बनाके प्रोत्साहन करे खातिर तथा सभी सञ्चारमाध्यम से कोरोना सङ्क्रमण होखे ना देवे खातिर जनचेतनामूलक सन्देश आ सूचना प्रवाह के खातिर सहकार्य करेके भी महासङ्घ के जोड बा ।
विज्ञप्ति मे कहल गईल बा, “पत्रकारिता के सब से बडका क्षमता के रूप मे अफवाह नियन्त्रण करेवाला क्षमता के भी लेहल जाला, ई समय फईलेवाला कउनो भी अफवाह से कोरोना सङ्क्रमण से आउर बडका भयावह अवस्था सिर्जना कर सकता ।
ओहिसे अफवाह फईले ना देवे खातिर तथा केहु अफवाह फईलईला पर ओकरा के तत्काल रोके खातिर आ पुष्टि भईल एवं तथ्य मे आधारित समाचार सामान मात्र प्रवाह करके कोरोनाविरुद्ध के लडाईं मे योगदान पुगावे खातिर समस्त मे महासङ्घ हार्दिक निहोरा करत बा ।”






