वर्तमानकाल दैनिक पत्रिका के होली मिलन समारोह पुरा

मेवालाल यादव

रौतहट १४ चईत

होली पर्व के शुभअवसर मे रौतहट के कटहरिया मे आजु वर्तमानकाल दैनिक पत्रिका के होली मिलन समारोह पुरा भईल बा ।

कटहरिया से प्रकाशन होखेवाला वर्तमानकाल दैनिक पत्रिका के होली मिलन समारोह मे कटहरिया नगरपालिका के उपप्रमुख नूरजहाँ खातुन होली के भव्य आ सभ्य रुपमे मनावे खातिर सभी से निहोरा कइनी । पत्रिका के प्रकाशक÷सम्पादक रौशन चौधरी के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि नुरजहाँ खातुन कउनो पार्टी, नेता भा आदमी के पछाडि ना लाग के स्वतन्त्र रुप मे निस्पक्ष होके आम नागरिक के समस्या के बारे मे खबर सम्प्रेशन करे खातिर सुझाव देहले रहनी ।

कार्जक्रम के विशिष्ट अतिथि साहित्यकार, पत्रकार एवं ई पत्रिका के सम्वाददाता सञ्जय साह मित्र ई पत्रिका के चौतर्फी विकास के खातिर आपन आपन कलम के आउर तेजी से चलावे खातिर पत्रिका मे आवद्ध सभी पत्रकारलोग से निहोरा कइनी ।

कार्जक्रम मे वरिष्ठ पत्रकार एवं लेखक श्रीमननारायण मिश्र, युवा नेता एवं समाजसेवी नश्रुदिन अन्सारी, साहित्यकार संजय सुदामा, किसुनदयाल सहनी, पत्रकार संजय मिश्रा, प्रकाश श्रेष्ठ लगायत के आदमीसब आपन आपन बिचार रखले रहलन । पत्रिका के कार्यकारी सम्पादक राजु श्रीवास्त से स्वागत कईल कार्जक्रम के संचालन सह सम्पादक ओम प्रकाश यादव कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।