किलास ११ आ १२ के परीक्षा स्थगित

भक्तपुर, २५ चईत,
राष्ट्रिय परीक्षा बोर्ड सानोठिमी किलास ११ आ १२ के परीक्षा स्थगन कईले बा । बोर्ड के आजु बईठल बईठक से दोसर सूचना ना आवे तक के खातिर परीक्षा स्थगन करेके निर्णय कईल बोर्ड के सदस्य–सचिव दुर्गाप्रसाद अर्याल जानकारी देहनी ।
कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के सङ्क्रमण तथा रोकथाम के खातिर लकडाउन चल रहला से परीक्षा बढावे के कि ना कहके विषय मे अन्योल हो रहल समय मे बोर्ड के बईठक से परीक्षा के मिति बढावे के निर्णय कईले बा । एकरा से पहिले बोर्ड किलास १२ के परीक्षा वैशाख ८ आ ११ के परीक्षा वैशाख २१ गते से सञ्चालन करेवाला किसिम से परीक्षा तालिका सार्वजनिक कईले रहे ।
बोर्ड किलास ११ आ १२ के परीक्षा के खातिर प्रश्नपत्र छाप के परीक्षा सञ्चालन के तइयारी अवस्था मे रहला पर भी ढुवानी करके जिल्ला जिल्ला पुगावे के कहके बाँकी रहे । बोर्ड देशभर एक हजार १४७ परीक्षा केन्द्र निर्धारण कईले रहे आ परीक्षा मे किलास ११ आ १२ मे करके कूल ९ लाख ६२ हजार विद्यार्थी सहभागी होखेवाला रहे ।
एहितरे माध्यमिक शिक्षा परीक्षा (एसईई) लकडाउन खुलला के बाद मात्र सञ्चालन करेवाला भईला से विद्यार्थी के उहे मुताविक के तइयारी करे खातिर सरकार से निहोरा कईले बा । बोर्ड से लकडाउन ना खुल के परीक्षा के मिति ना तोकेके कहत घर मे रहके परीक्षा के तइयारी मे लागे खातिर निहोरा कईले बा ।
बोर्ड के सदस्य–सचिव अर्याल लकडाउन खुलला के बाद भी विद्यार्थी के तइयारी के खातिर दु हप्ता देके मात्र परीक्षा के मिति तय करेवाला भईला से उहे मुताविक के तइयारी करे खातिर निहोरा कइनी ।





