स्यानिटाइज बिना छिटले भारत से आयात हो रहल बा जरुरी सामान

वीरगंज २६ चईत,

वीरगंज मे तीन गो भन्सार नाका बा । वीरगंज के पुराना भन्सार, एकीकृत भन्सार जाँच चौकी (आईसीपी) आ सिर्सिया सुख्खा बन्दरगाह । जरुरी सामानसब ई तीन गो भन्सार नाका स नेपाल आवत बा ।
लकडाउन के बाद पुराना भन्सार वीरगंज से सवारी आवागमन लगभग बन्द जईसन बा । इन्धन ट्याङ्कर, औषधिजन्य समान आ मरेजी लादल एम्बुलेन्स मात्र वीरगंज से छिटपुट आवेला । ट्याङ्करसब भारतीय आयल निगम के रक्सौल डिपो से पेट्रोलियम पदार्थ भर के लियावत बाडन ।
माकिर, ओईसन गाडीसब कोरोना भाइरस मारेवाला दवाई ना छिट के नेपाल प्रवेश करत बा । हेल्थ डेस्क मे खटल स्वास्थ्यकर्मी सनिउल्लाह हवारी के मुताविक थर्मल गन से चालक आ सहचालक के तापक्रम जाँच के प्रवेश करे देहल जाला ।

‘थर्मल गन तापक्रम नापेके आ उलोग मे आउर स्वास्थ्य समस्या भईल ना भईल यकिन भईला के बाद मात्र सवारी साधन घुसे देहल गईल बा,’ हवारी कहनी ।
तिसरका देश से कन्टेनर मे रेलमार्ग मार्फत समान आयात करेके सिर्सिया सुख्खा बन्दरगाह मे भी स्यानिटाइजेसन के कउनो भी व्यवस्था नइखे ।
एकीकृत भन्सार जाँच चौकी (आईसीपी) मे भी स्यानिटाइजेसन के प्रक्रिया नइखे अपनावल जात ।

कार्यरत कर्मचारीलोग के मुताविक नाका से आवेवाला सामान आ सवारी साधन के स्यानिटाइजेसन ना कईला पर भी गाडी के टायर मे क्लोरिन पानी के झोल छिटल गईल बा ।

भन्सार अधिकृत जगदीश पुर्वे कहनी कि, ‘तिसरका देश से समान अईला पर डेढ–दु महिना रास्ता मे लागी । उ समय तक भाइरस ना बाँची कहके डिसइन्फेक्टेड कईल नइखे ।’ आइसीपी मे तिसरका देश से आयातित सामान रेलमार्ग होत आईल ।

सामान मे नेपाल मे स्यानिटेसन के प्रक्रिया ना अपनईला पर कर्मचारीलोग जोखिमपूर्वक काम कर रहल बाडन ।
भन्सार अधिकृत पूर्वे सामान गिरईला पर आ ढुवानी कईला पर कोरोना भाइरस ना पाटो कहके कर्मचारीलोग खुदे सुरक्षा सतर्कता अपना रहल बतवनी ।

वीरगंज भन्सार से काथि केतना आईल ?
वीरगंज भन्सार नाका होत जरुरी सामानसब नियमित आयात हो रहल बा । दवाई, तरकारी तथा फलफूल, खाद्यान्न, इन्धन लगायत के सामान आयात हो रहल वीरगंज भन्सार कार्यालय जनवले बा । पिछिलका १५ दिन मे सबसे बेसी धान २४ लाख २९ हजार छ सय ८५ किलो आ चाउर ११ लाख ८१ हजार चार सय ५० किलो आयात भईल बा ।

एहितरे आलु एक लाख ९१ हजार किलो, टमाटर आ मर्चा दु लाख ५० हजार तीन सय ५८ किलो, प्याज दु लाख २८ हजार ९ सय किलो आ आउर तरकारी दु लाख ६४ हजार ९ सय ७४ किलो आयात भईल वीरगंज भन्सार कार्यालय के तथ्यांक बा ।

फलफूल ५५ हजार छ सय ९६ किलो, गहुँ एक लाख ३२ हजार ९० किलो, मकै ९ लाख ३५ हजार ८ सय ९० किलो, आयात भईल बा । ई मालवस्तु सामान्य से कुछ कम मात्र आयात भइल तथ्यांक देखल गईल बा । एहितरे १ लाख ८९ हजार ६ सय ५२ किलो दवाई आ औषधिजन्य कच्चा पदार्थ आयात भईल बा ।

डिजल, पेट्रोल आ ग्यास आयात घटल
लकडाउन के चलते खपत घटला से वीरगंज भन्सार कार्यालय से पेट्रोलियम पदार्थ के आयात घटल बा । १५ दिन मे पेट्रोल एक हजार पाँच सय ६८ किलोलिटर आ डिजल दु हजार सात सय किलोलिटर आयात भईल बा ।

ई पिछिलका १५ दिन के बराबरी मे कम ह । फागुन २६ से चईत १० गते तक के समय मे २० हजार चार सय ४४ किलोलिटर डिजल आ ७५ हजार एक सय ३२ किलोलिटर पेट्रोल आयात भईल रहे ।

बजार मे कमी देखल गईल ग्यास के आयात कुछ घटल बा । पिछिलका १५ दिन मे एक करोड छ लाख ४७ हजार ९ सय ४० किलोलिटर ग्यास आयात भईल बा । पिछिलका १५ दिन मे एक करोड २७ लाख ७३ हजार दु सय ९० किलो ग्यास आयात भईल रहे ।

लकडाउन मे आयात घटल स्वाभाविक ः भन्सार अधिकृत
वीरगंज भन्सार कार्यालय के भन्सार अधिकृत रमेश सुकमनी लकडाउन के समय मे भी जरुरी मालवस्तु के आयात ना रुकल जानकारी देहनी ।
‘वितल समय मे बराबरी मे जरुरी मालसामान के आयात कम बा ।

माकिर नियमित आयात हो रहल बा,’ कहत उ, ‘मजदुर बेसी भारतीय बाडन, कोरोना के चलते उलोग ओनहिं फँसल बाडन । मालसामान आयात करेवाला टोली भी काठमाण्डु मे बाडन । सामान आयात निर्यात मे लकडाउन के प्रभाव देखल गईल स्वाभाविक ह ।’

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।