भिजल रासायनिक खाद वीरगंज सुख्खा बन्दरगाह मे अलपत्र

वीरगंज २९ कुवार

वीरगंज के सिर्सिया सुख्खा बन्दरगाह के गोदाम मे भिजल रासायनिक खाद अलपत्र अवस्था मे रहल बा । ई खाद के चलते रेल से आउर सामान उतारे मे आ गाडी मे लोड करेमे भी समस्या भईल बा ।

बन्दरगाहा मे ना भिजल खाद भी आईल बा । ना भिजल खाद ट्रक मे लोड करके ढुवानी के काम हो रहल बा । भिजला के चलते खाद जाँचपास भी होखे नइखे सकल । का करेके कहके टुंगो ना लागला से गोदाम के जगहा छेंकले मात्र बा । खाद करिया आ ढेला भईल अवस्था मे बा ।

साल्ट ट्रेडिङ कर्पोरेसन लिमिटेड ग्लोबल टेन्डरमार्फत खरिद कईल ४६ हजार बोरा अर्थात २३ सय मेट्रिक टन बोरा डीएपी खाद भिजल अवस्था मे बन्दरगाह आइल रहे । तिसरका देश से कोलकाता बन्दरगाह होत कुवार १८ गते एतवार के दिने सुक्खा बन्दरगाह मे खाद आइल रहे ।

रेल के ब्यागन से अनलोड करके बन्दरगाह के गोदाम मे अनलोड करेके समय मे हि खाद ढेपा भईल रहे । भादो पहिलका हप्ता २५ सय टन (५० हजार बोरा) डीएपी खाद भिजल अवस्था मे वीरगंज के सुख्खा बन्दरगाह आइल रहे ।

खाद के अभी तक जाँचपास भईल नइखे । कुछ बन्दरगाह के गोदाम मे राखल बा आ कुछ गोदाम के बाहर ओरी हि अलपत्र अवस्था मे बा । सम्झौता मुताविक आपूर्तिकर्ता बढिया अवस्था के खाद गोदाम मे ना पुगावे तक ओकर आर्थिक दायित्व साल्ट ट्रेडिङ के आर्थिक दायित्व मे ना पडेके एक अधिकारी बतवले बाडन ।

आपूर्तिकर्ता भन्सार कार्यालय से जाँचपास करके जिम्मा लगईला के बाद मात्र खुदसब के दायित्व मे पडेके साल्ट ट्रेडिङ कर्पोरेसन जनवले बा । साल्ट ट्रेडिङ के मुताविक आपूर्तिकर्ता स्वीस सिंगापुर ओभरसिज से ठेक्का सकार कईल २५ हजार मेट्रिक टन मेसे ६ हजार ८ सय मेट्रिक टन खाद आपूर्ति करेके बाँकी बा ।

साल्ट ट्रेडिङ कर्पोरेसन लिमिटेड वीरगंज के प्रमुख आमोज लामिछाने बन्दरगाह के खाद के जिम्मेवारी सप्लायर्स के भईल बतवनी ।

२५ हजार मेट्रिक टन खाद लियावे के सम्झौता भईल बा, सप्लायर्स हमनी के ६ हजार ८ सय मेट्रिक टन खाद देवेके बाँकी बा’ कहत उ ‘जाँचपास होके गोदाम मे ना आवे तक बन्दरगाह मे आईल खाद सप्लायर्स के जिम्मा मे रहेला ।’ उ बन्दरगाह मे जगहा छेक के राखेके ना भईल कहके बात उठल जानकारी खुद के मिलल बतवनी ।

सुख्खा बन्दरगाह भन्सार कार्यालय के प्रवक्ता भन्सार अधिकृत जगदीश पुर्वे भिजल खाद जाँचपास होखेके आधार हि ना भईल बतवनी । ‘भिजल खाद अभी तक गोदाम मे छ, खाद जाँचपास करावे खातिर केहु आईल भी नइखन’ कहत उ ‘खाद सामान्य अवस्था मे ना भईला से जाँचपास करेके आधार भी नइखे ।’

आपूर्तिकर्ता कम्पनी के भन्सार एजेन्ट के प्रतिनिधि बितल मे महिना मे बंगाल के खाडी मे आईल ‘अम्फन’ आँधी के चलते खाद भिजल जानकारी करवनी ।

‘कोलकाता बन्दरगाह मे राखे ना देहला के बाद भिजल खाद इहाँ लियावल गईल बा’ नाम उल्लेख करे ना चाहल उ ‘खाद के गुणस्तर जाँच के खातिर स्याम्पल लेके गईल आ मन्त्रालय के अधिकारीलोग से सप्लायर्स के प्रतिनिधि बात कर रहल बाडन ।’ बिमा के सर्भेयर आके सर्भे करके गईल उ बतवनी । उल्था अनलाईन

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।