भारत के रक्सौल मे रहल क्यरेटाइन मे पुग्न सासंद यादव

वीरगंज २६ चईत,
कोराना (कोभिड–१९) भाइरस के संक्रमण रोके खातिर नेपाल सरकार से लागु कईल लकडाउन के चलते सिमापारी भारत मे रुकल नेपालीलोग के अवस्था बुझे खातिर आजु पर्सा क्षेत्र नम्बर १ के साँसद प्रदीप यादव पुगल रहनी ।
भारत मे भी लकडाउन रहला से सिमा मे आवतजावत पुर्ण रुप मे बन्द भईला के बाद आदमीसब के आवेजाएके नइखे मिलत । दुनु ओरी लकडाउन भईला के बाद नेपाल से भारतीय भुमी मे रहल नागरिक से भेट करके उलोग के समस्या बुझले बानी ।
रक्सौल स्थित हजारी मल उच्च माध्यमिक बिद्यालय मे उहाँ के स्थानीय प्रसाशन क्वारेन्टाइन स्थापना कईले बा । उहाँ २५ जने के राखल गईला मे १५ जने नेपाली नागरिक बाडन । उलोग के उहाँ रहे, खाए, नियमित स्वास्थ्य जाँच लगायत के सुबिधा उपलब्ध करावल गईल बा ।
स्थित क्वारेन्टाइन मे रहललोग के एगो बेड, ओढना आ मोछरदानी के व्यवस्था कईल गईल बा । सबेरे सँझिया खाना के भी व्यवस्थापन कईल गईल बतवनी । उहाँ रहल सभी जने के सरकारी अस्पताल के डाक्टर शरदचन्द शर्मा के नेतृत्व मे मेडिकल टिम भी खटावल गईल बा ।
रुकुम आठजितकोठ गाँवपालिका घर भईल प्रजित नेपाली मार्च ३१ के दिन रक्सौल सिमा मे आईल रहनी । उनका सँगे आउर १३ जने रहल बाडन । दोसर एक जने पटनास्थित होटेल मे काम करेवाला २ युवालोग भी उहाँ आईल बाडन । भारतीय प्रसाशन हि यातायात के ब्यवस्था करके सिमा मे उलोग के पुगवले रहे ।
‘नेपाल सरकार के आ हमनी सभी के भारत मे रहल नेपालीलोग के चिन्ता बा, अभी बिशेष परिस्थिती भईला से जे जहाँ बा उहाँ सुरक्षित रुप मे रहेके बाध्यता बा,’ कहत साँसद यादव, ‘समान्य अवस्था होते मातर अपनेलोग आपन घर जा सकत बानी ।’ उलोग के कउनो किसिम के असहजता ना भईल प्रतिक्रिया देहनी ।
साँसद यादव क्वारेन्टाइन मे रहललोग के आपन ओरी से सेनिटाइजर, मास्क, फलफुल, चिउरा, बिस्कुट, भुजिया, जुस आ खानेपानी लगायत सामान देहले रहनी । उ अवसर मे एसएसबि के कमान्डेन्ट राजकुमार कुमावत, प्रखण्ड बिकास पदाधिकारी कुमार प्रशान्त, रक्सौल नगर कार्यपालिका के अधिकृत गौतम आनन्द, भुमी उपसम्हारता मनिस कुमार लगायत के सहभागीता रहल रहे ।





