दिलिप महतो के पर्यावरण सहिद घोषणा के माग करत राजमार्ग मे चक्काजाम
दिलिप महतो के पर्यावरण सहिद घोषणा के माग करत राजमार्ग मे चक्काजाम

धनुषा १० चईत
क्रसर माफिया से मराईल पर्यावरण अभियन्ता दिलिप कहेवाला ओमप्रकाश महतो के पर्यावरण सहिद घोषणा करेके माग करत पूर्वपश्चिम राजमार्ग मे चक्काजाम कईल बा । शनिचर के दिने धनुषा के ढल्केवर मे पीडित परिवार आ सामाजिक अभियन्तालोग राजमार्ग अवरुद्ध करत प्रदर्शन कईले बाडन ।
दिलिप के पर्यावरण सहिद घोषणा करेके माग करत प्लेकार्ड सहित शान्तिपूर्ण प्रदर्शन मे उतरल उलोग करिब आधा घण्टा पूर्वपश्चिम लोकमार्ग पूर्ण रुप से अवरुद्ध कईले रहलन । दिलिप महतो के शहीद घोषणा करेके माग करत उनकर परिवार कुछ दिन पहिले मात्र काठमाण्डु पुगके उपप्रधानमन्त्री तथा गृहमन्त्री रवि लामिछाने के ज्ञापनपत्र बुझवले रहलन । उलोग ज्ञापनपत्र बुझावत सहिद घोषणा के माग सँगे पुनः अनुसन्धान के भी माग कईले बाडन ।
दिलिप महतो के पर्यावरण सहिद घोषणा करेके आ पीडित परिवार के क्षतिपूर्ति उपलब्ध करावे खातिर आम जनता पार्टी के अध्यक्ष प्रभु साह संसद मे भी आवाज उठवले बाडन । पूर्वराष्ट्रपति रामवरण यादव भी दिलिप के पर्यावरण सहिद घोषणा करे खातिर सरकार से माग करत आईल बाडन ।
२०७६ पुस २५ के झिसमिसे बिहानी मे धनुषा के मिथिला नगरपालिका–५ श्रीपुर के दिलीप के क्रसर डन क्रुर हत्या कईले रहलन । क्रसर डन दिलिप के कोख मे ‘लिभर’ प्रहार करके सख्त घायल बनाके टिपर से किचाडके हत्या कईले रहलन । चुरे दोहन रोकेके, अवैध उत्खनन् आ क्रसर उद्योग बन्द करेके उनकर चोटिलो आवाज खोला तस्कर के निसाना मे परके दिलिप के हत्या कईल रहे ।
ओकरा एने दिलिप के परिवार आ चुरे अभियन्तालोग दोषी के कडा सजाय आ दिलिप के पर्यावरण सहिद घोषणा के माग करत गाँव से राजधानी तक संघर्ष कर रहल बाडन ।
दिलिप हत्या मुद्दा मे धनुषा जिल्ला अदालत तीन जने के दोषी ठहर कईले बा । जिल्ला अदालत बितल फागुन १२ गते मुख्य योजनाकार चुरियाई बालुवा प्रशोधन उद्योग के सञ्चालक विपीन महतो आ कामदार मुनिन्द्र महतो के २५–२५ बरीस कैद आ ५–५ लाख क्षतिपूर्ति तिरेके फैसला सुनावल गईल रहे । जिल्ला अदालत के न्यायाधीश चित्रबहादुर गुरुङ के इजलास से कईल उ फैसला के उच्च अदालत जनकपुर के न्यायाधीशद्वय महेन्द्रनाथ उपाध्याय आ ध्रुवकुमार पिया के संयुक्त इजलाश जिल्ला अदालत के फैसला के सदर कईले बा ।






