सुरक्षानिकाय के तलब कट्टा कईला मे राष्ट्रिय विद्यार्थी संघ के गम्भिर ध्यानाकर्षण ई निर्णय फिर्ता लेके ५० लाख के जीवन बिमा घोषणा करेके माग

वीरगंज २७ चईत

नेपाल सरकार बुध के दिने कोरोना भाइरस अर्थात कोभिड–१९ सँगे के लडाई मे सभी निकाय के सहजोग माग करत सुरक्षा निकाय के कर्मचारी तथा पुलीस के तलब कट्टा करेके निर्णय उपर राष्ट्रिय विद्यार्थी संघ जिल्ला कार्य समिति पर्सा के गम्भिर ध्यानाकर्षण भईल जनवले बा ।

संघ के अध्यक्ष मधुसुदन चौरसियाद्धारा जारी कईल प्रेस विज्ञप्ति मे कोरोन भाइरस सँगे के लडाइ मे फ्रन्टलाईन रह के स्वास्थ्यकर्मी सँगे सुरक्षाकर्मी से खेलल भूमिका अतुअल्निय रहल बा । पुलीस से कईल काम के प्रोत्साहन करेके जगहा मे सरकार उलोग के तलब कट्टा करेके निर्णय बहुते दुःखद आ निन्दनीय बा ।

आजु के अवस्था मे पुलीस के आउर तलव सुविधा देत जीवन बिमा करके उलोग के प्रोत्साहित करेके जगहा मे सरकार उलोग के तलब काट के पुलीस के मनोबल गिरावे के काम भईल अध्यक्ष चौरसिया के कहनाम बा ।

पूरा विश्व हि कोरोना सङ्क्रमण फईलेके डर से लकडाउन मे आपन आपन घर भिरत रहल समय शुरक्षाकर्मी आ पुलीस से दिन रात ना कहके आपन ज्यान जोखिम मे राख के नेपाली जनता के लकडाउन पालन करेमे सहजोग करत शान्तिसुरक्षा कायाम रखले बा । पुलीस महामारी के समय देखावल ई हिम्मत आ लगनशीलता के जेतना तारिफ कईला पर भी कमे होखी कहके उल्लेख बा ।

नेपाल सरकार उलोग के तलब कट्टा करेके निर्णय के कडा विरोध करत जलदी से निर्णय फिर्ता लेवे खातिर जोडदार माग करत सुरक्षाकर्मीलोग के ५० लाख के जीवन बिमा घोषणा करे खातिर सरकार से माग कईल विज्ञप्ति मे उल्लेख बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।