वीरगंज नाका बियफे से ३ दिन तक बन्द रही

वीरगंज नाका बियफे से ३ दिन तक बन्द रही

वीरगंज ०६ जेठ

भारत के बिहार से सीमा जुडल वीरगंज सहित पर्सा जिल्ला के सीमा नाकासब तीन दिन के खातिर बन्द होखेके जनावल गईल बा ।
भारत मे अभी हो रहल लोकसभा निर्वाचन के खातिर वीरगंज सहित पर्सा जिल्ला के सभी नाकासब जेठ १० से जेठ १२ गते तक तीन दिन के खातिर बन्द रहेके जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा जनवले बा । पर्सा से सीमा जुडल बिहार के पश्चिमी चम्पारण जिल्ला मे मे २५ तारिख अर्थात जेष्ठ १२ गते लोकसभा के निर्वाचन होत बा ।
पश्चिम चम्पारण जिल्ला के निर्वाचन शान्तिपूर्ण आ भयरहित वातावरण मे पुरा करे खातिर दुनु देश के सीमावर्ती जिल्ला के सुरक्षा प्रमुखलोग के संयुक्त बईठक से कईल निर्णय मुताविक मतदान होखेसे ४८ घण्टा पहिले भारत सँगे के सीमा जुडल नेपाल के नाकासब बन्द करेके सहमति भईल रहे ।
उहे सहमति आ भारतीय पक्ष से कईल निहोरा मुताविक बिहार के पश्चिम चम्पारण जिल्ला से सीमा जुडल नाकासब जेठ १० गते से जेठ १२ गते सँझिया ६ बजे तक बन्द करेके पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी दिनेश सागर भुसाल एतवार के दिने सार्वजनिक कईल सूचना मे उल्लेख बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।