मिलावटवाला खाद्यान्न बाटल कहत स्थानीयद्वारा राहत बाँटेमे रोक

बारा २७ चईत
कमसल खाद्यान्न बाँटल कहत बारा के जैतापुर मे स्थानीय राहत वितरण मे रोक लगवले बाडन । जीतपुरसिमरा उपमहानगरपालिका–१७ जैतापुर के बासिन्दा राहत बाँटेमे रोक लगवले बा ।
सोना मन्सुली के चाउर कहत कनिका आ भुसा मिलावल चाउर विपन्न के राहत स्वरुप वितरण कईल उलोग के आरोप बा । बेसी दाम देखा के कमसल चाउर बाँटेके काम मे संलग्न के कारबाही के माग उलोग रखले बाडन ।
वार्ड तीन जने तक परिवार संख्या भईल के २० किलो आ ओकरा से बेसी परिवार संख्या भईल परिवार के ३० किलो चाउर सहित के प्याकेज तइयार कईले रहे । दु सय विपन्न परिवार के पहिचान करके बुध के दिने राहत बाँटल सुरु कईल रहे । वार्ड से बाँटल खाद्यान्न गुणस्तरहीन मिलला के बाद ओमे संलग्न के कारबाही होखेके माग करत राहत वितरण मे रोक लगावल स्थानीय प्रेम लामा बतवनी ।
‘राहत के नाम मे आँकड मिलावल चाउर वितरण कईल रहे । बुध के दिने हि हमनी राहत वितरण मे रोक लगवले रहनी,’ कहत लामा, ‘वार्ड अध्यक्ष बियफे के दिने १० बजे तक मे घरघर मे कमसल चाउर के बदले बढिया चाउर पठावे के बाचा कईले रहलन, माकिर पूरा ना भईल । हमनी चाउर बेंचेवाला व्यापारी आ ओमे संलग्न सभी उपर कारबाही होखेके माग रखले बानी ।’
महामारी के समय गरिब आ विपन्न के गाँस मे लापरबाही करेके किराना दोकानदार के कारबाही करेके स्थानीय जगदीश चौधरी जानकारी देहनी । ‘असली दाम मे मिलावटवाला खाद्यान्न बिक्री करेवाला काला बजारीया के कडा से कडा कारबाही होखेके पडल’ कहके बतवनी ।
गरिब आ विपन्न के सरकार से देवेवाला राहत मे लापरबाही करेके छुट केहु के ना भईल कहत स्थानीय वार्ड कार्यालय घेराव करत बियफे के दिने भी राहत बाँटेमे रोक लगवले रहलन ।
एकरा से पहिले बुध के दिने स्थानीय किराना दोकान के सञ्चालक के नियन्त्रण मे लेके पुलीस समक्ष कारबाही के खातिर बुझईला के बाद पुलीस सँझिया छोडले रहे ।
१७ नं. वार्ड समिति उपेन्द्र साह से सञ्चालन कईल किराना दोकान से राहत सामान किन के वितरण कईले रहे ।
प्रति किलो ४१ रोपेया के दर मे सोना मन्सुली चाउर २० आ ३० किलो के प्याकेट मे खरिद कईल रहे । चाउर मे दोकानदार बदमासी कईल आशंका कईल वडा समिति सदस्य सञ्चराम थिङ्ग बतवनी ।
स्थानीय वार्ड से राहत मे बाँटल चाउर कमसल भईल कहत स्थानीय विरोध कईला के बाद किराना सञ्चालक से चाउर फिर्ता लेजाएके आ बढिया चाउर देवेके वाचा वार्ड कार्यालय समक्ष कईले बाडन ।
चाउर खुद सँगे मौज्दात ना रहल आ दोसर जगहा से किन के लिअईला पर कुछ बोरा मे कमसल देखल गईल साह स्वीकार कईले बाडन ।
‘वार्ड से माँगल जेतना चाउर हमरा सँगे ना रहे, अनेकन मिल मे सम्पर्क करके चाउर जम्मा कईले रहनी,’ कहत साह, ‘कुछ बोरा कमसल रहे । ओकरा के फिर्ता लेके बढिया चाउर देहेम कहले बानी ।’
कम गुणस्तर के चाउर देवेवाला किराना सञ्चालक के कारबाही हि होखेके स्थानीय के अडान बा । वार्ड समिति आ राहत वितरण समिति मे छलफल करके व्यापारी के कारबाही के विषय मे टुंगो मे पुगेके वार्ड अध्यक्ष नवराज खड्का बतवनी ।
विवाद के कईसे समाधान करेके कहके बारे मे शुक के दिने छलफल के खातिर वार्ड समिति आ राहत वितरण समन्वय समिति के बईठक बोलावल वार्ड अध्यक्ष खड्का जानकारी देहनी ।






