दूसरा अंतरराष्ट्रीय अनलाईन कवि सम्मेलन आ मुशायरा भइल

छपरा (बिहार) भारत
बज्मे हबीब साहित्यिक आ सामाजिक संस्था के सचिव आ मशहूर शायर आ कवि ऐनुल बरौलवी के संयोजन मेंभारत के बिहार प्रदेश के छपरा शहर में दूसरा अंतरराष्ट्रीय अनलाइन कवि सम्मेलन आ मुशायरा भइल।
ई बज्मे हबीब आ बज्मे सुहैल दू गो साहित्यिक संस्था के तत्वावधान में सम्पन्न भइल। कोरोना महामारी के चलते लाॅकडाउन बा। घर से बाहरा केहू निकलत नइखे अइसे में कवि लो आपन नया तरीका निकाल लेले बा।
ई कवि सम्मेलन आ मुशायरा ११ अप्रैल दिन शनिवार के रात्रि ९.३० बजे से ११.३० बजे रात्रि तक भइल । जेकर विशिष्ट अतिथि मर्चवार , प्रदेश ५ (नेपाल) के कवि आ समाजसेवी शिवनंदन जायसवाल रहनी। एकर अध्यक्षता मुम्बई के प्रसिद्ध शायर डाॅ० मोअज़्ज़म अज़्म कइनी।
कार्यक्रम के संचालन छपरा के शायर आ बज्मे सुहैल के सचिव सुहैल अहमद हाशमी कइनी। अंत तक सभे कवि , शायर आ दर्शक आ श्रोता लोग बहुते आनंद उठावल।
एह अंतरराष्ट्रीय आनलाइन कवि सम्मेलन आ मुशायरा में मर्चवार , प्रदेश ५ (नेपाल) से कवि शिवनंदन जायसवाल , बाकी भारत के बिहार प्रदेश के गोपालगंज से प्रसिद्ध शायर आ कवि ऐनुल बरौलवी , छपरा से शायर सुहैल अहमद हाशमी , पश्चिम बंगाल प्रदेश के कोलकाता से कवयित्री आशा पाण्डेय ‘तस्लीम’ आ आसनसोल से कवि अमितोष उपाध्याय , आंध्रप्रदेश राज्य के बिशाखापत्तनम से कवयित्री भारती शर्मा , मध्यप्रदेश राज्य के भोपाल से शायरा कौसर होशाम अउर महाराष्ट्र राज्य के मुम्बई से शायर डाॅ० मोअज़्ज़म अज़्म आदि शामिल रहे लोग।
सभे अंत तक बहुते आनंद उठावल। अंत में शारर आ कवि ऐनुल बरौलवी जी सभके धन्यवाद देहनी।






