वीरगंज मे रहल ३ जने भारतीय नागरिक मे कोरोना संक्रमण पुष्टि

वीरगंज ३० चईत,

पर्सा के वीरगंज मे तीन जने भारतीय नागरिक मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा । स्वास्थ्य मन्त्रालय के एक अधिकारी के मुताविक राष्ट्रिय जनस्वास्थ्य प्रयोगशाला टेकु मे उलोग के नमुना परीक्षण कईला पर कोरोना संक्रमण पोजेटिभ देखल गईल बा ।
वीरगंज से नमुना संकलन करके हेटौंडा स्थित प्रयोगशाला मे परीक्षण कईला पर उलोग के रिपोर्ट पोजेटिभ आईल रहे ।

ओकरा बाद फेनु जाँच के खातिर राष्ट्रिय प्रयोगशाला मे पठावल गईल रहे ।
भारत से आईल २४ जने सहित ३३ जने के नमुना संकलन करके बितल बियफे के दिने परीक्षण के खातिर हेटौंडा प्रयोगशाला पठावल गईल रहे । जउना मेसे तीन जने के प्रारम्भिक रिपोर्ट मिश्रित किसिम के आईल आ फेनु परीक्षण के खातिर टेकु पठावल गईल हेटौंडा स्थित प्रयोगशाला के प्रमुख नारायण कार्की जानकारी देहनी ।

हेटौंडा के प्रयोगशाला से उ जानकारी नारायणी अस्पताल के भी करावल गईल रहे । ओकरा बाद वीरगंज–२ छपकैया स्थित जामे मस्जिद मे रहत आईल उलोग के शुक के दिने हि नारायणी अस्पताल के आइसोलेसन मे राखल गईल बा ।

संक्रमण पुष्टि भईल मेसे दु जने उत्तरप्रदेश आ एक जने दिल्ली मे रहत आईल रहलन । उलोग १३ दिन से वीरगंज–२ छपकैयास्थित जामे मस्जिद मे आईल स्थानीय बतवले बाडन ।

सप्तरी मे आयोजना कईल मुस्लिम धार्मिक सभा मे सहभागी होखे आईल उलोग उहे समय से भारत फिर्ता नइखन भईल । मार्च ४ तारिक मे रिटर्न ट्रेन टिकेट भईला पर भी लकडाउन के चलते उलोग रुकल रहलन ।
लकडाउन खुलला के बाद घर फिर्ता होखेके कहके उलोग १५ अप्रिल के खातिर टिकट कटले बाडन । घर फिर्ता होखे से पहिले एक बेर स्वास्थ्य जाँच करावल उपयुक्त समुझ के उलोग खुदे नारायणी अस्पताल मे पुगल मस्जिद के मौलाना अलि असगर बतवनी ।

लकडाउन के समय मे उलोग मस्जिद मे आईल रहनी । उहे समय पुलीस से समन्वय करके हमनी अलगे रखले रहनी’ मौलना असगर कहनी कि, ‘अलगे राखल गईला से उलोग सँगे बहुते बातचीत भी भईल नइखे ।

घर जाएवाला समय मे एके बेर स्वास्थ्य जाँच करावे खातिर उपयुक्त होखी कहके अस्पताल गईल रहनी ।’
ओकरा बाद अस्पताल मे जाँच भईल माकिर रिपोर्ट ना आईल जानकारी खुद से मिलल उ बतवनी ।

शंकास्पद आदमी के खोजी सुरु
एहितरे ३ जने संक्रमित मिलल वीरगंज २ छपकैया क्षेत्र के स्थानीय प्रशासन एतवार के दुपहरिया से शील करके शंकास्पद आदमी के खोजी सुरु कईले बा । जि

प्रशासन कार्यालय पर्सा मे एतवार के दिने बईठल बईठक से सुरक्षा प्रमुख आ सरोकारवाला के बईठक से संक्रमित जमाती रहत आईल मस्जिद रहल वार्ड नम्बर २ छपकैया क्षेत्र के शील करेके निर्णय कईले बा ।

बईठक के निर्णय के बाद सुरक्षकर्मी परिचालन करके छपकैया क्षेत्र के शील कईल पर्सा के सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी ललीत कुमार बस्नेत जानकारी देहनी । एहितरे बइठक से वीरगंज मे अलगे कोरोना भाइरस विशेष अस्पताल संचालन करेके निर्णय कईले बा ।

वीरगंज के एक निजी अस्पताल भाडा मे लेके अलगे कोरोना भाइरस विशेष अस्पताल संचालन करेके निर्णय कईल जानकारी देत बस्नेत एकरा खातिर जरुरी प्रक्रिया सुरु कईल भी जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।