कोरोना संक्रमण देखल गईल जगहा के पूर्ण लकडाउन कईल जाई: मुख्यमन्त्री राउत

जनकपुरधाम ३० चईत,
प्रदेश २ के मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत कोरोना भाइरस के संक्रमण देखल गईल जगहा के पूर्णरुप मे लकडाउन करेके बतवले बानी । एकरा खातिर संघीय सरकार के गृहमन्त्रीसहित सरोकारवाला से बातचीत भईल बतवनी ।
प्रदेश २ के वीरगंज मे रहल तीन भारतीय नागरिक मे कोरोना संक्रमण के पुष्टि भईल बा ।
ई बारेमे खुदसब के भी जानकारी आईल बतावत मुख्यमन्त्री राउत ई क्षेत्र के पूर्ण रुप से लकडाउन करके संक्रमित के ईलाज के व्यवस्था मिलावे मे लागल बतवनी ।
‘बाहर से आईल तीन जने जमाती मे संक्रमण भईल जानकारी मिलला के बाद गृहमन्त्री से छलफल कईले बानी’ कहत उ, ‘ई क्षेत्र के पूर्ण रुप से लकडाउन करके आउर कदम चालेके विषय मे हमनी के बातचीत भईल बा ।’
संक्रमत देखल गईल तीनु जने लकडाउन से पहिले हि भारत से आईल जानकारी खुद के मिलल मुख्यमन्त्री राउत बतवनी । ‘उलोग लकडाउन के समय मे आईल नईखन । कुछ महिना पहिले हि नेपाल आईल जानकारी मिलल बा’ कहत उ, ‘अभी सीमा नाका मे बहुते कडाइ कईल अवस्था बा ।’
भारत से केहु भी ना आवो कहके गाँव के आदमीसब मे सकारात्मक जागरुकता आइल उ बतवनी । ‘गाँव मे नयाँ आदमी आवते मातर स्थानीय क्वारेन्टाइन मे पठावे के काम कर हल बा’ कहत मुख्यमन्त्री राउत, ‘स्थानीय जनप्रतिनिधि आ सुरक्षा निकाय भी एमे सहजोग कर रहल बा ।’
संघीय सरकार पहल ना कईलख
प्रदेश २ के मुख्यमन्त्री राउत प्रदेश मे कोरोना परीक्षण सुस्त गति मे भईल विषय मे आपन समस्या सुनवनी । ‘का करेके ? कहाँ से लियावे के ? इहे त समस्या बा’ कहत उ, ‘हमनी सँगे पईसा बा, माकिर सामान नइखे मिलत ।’
संघीय सरकार कोरोना परीक्षण करेवाला एगो मेसिन पठईला पर भी ओकर क्षमता बहुते कम रहल कहत उ बडका मेसिन रहित त परीक्षण कुछ द्रूत गति मे करे सकेके बतवनी ।
‘एमे त संघीय सरकार से पहल करेके चाहिं । माकिर होत नाइखे’ कहत उ, ‘हमनी सम्बन्धित निकाय मे बात कर रहल बानी । कउनो ओईसन दिन नइखे कि संघीय सरकार के सम्बन्धित मन्त्रीलोग से बात ना कईल होखो ।’
सभी मिल के कोरोना के महामारीविरुद्ध लडेके कहत उ संघीय सरकार के ध्यानाकर्षण करवनी ।






