परोहा न.पा. के मोतीपुर मे जसपाद्वारा अभिनन्दन तथा पार्टी प्रवेश कार्जक्रम पुरा

मेवालाल यादव

रौतहट १६ अगहन

परोहा के मोतीपुर मे जनता समाजवादी पार्टी नेपालद्वारा अभिनन्दन तथा पार्टी प्रवेश कार्जक्रम पुरा भईल बा । रौतहट के परोहा नगरपालिका वार्ड नं. ८ मोतीपुर मे जनता समाजवादी पार्टी नेपाल परोहा नगर कमिटी के आयोजकत्व मे आजु एगो कार्जक्रम आयोजना करके अभिनन्दन तथा पार्टी प्रवेश कार्जक्रम पुरा भईल बा ।

कार्जक्रम मे नेपाली कांग्रेस पार्टी से परोहा न.पा. वार्ड नं.८ नरकटिया मोतिपुरका निर्वाचित वडा सदस्य दिपेन्द्र पटेलको नेतृत्वमा सयौ नेता कार्यकर्ताहरु नेपाली कांग्रेस पार्टी परित्याग करके कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि प्रदेश २ के अर्थमन्त्री माननीय शैलेन्द्र शाह तथा विशिष्ट अतिथि रौतहट क्षेत्र नं. २ विधानसभा “ख” के विधायक माननीय रामकिशोर (किशोरी) राय यादव के हाथ से माला, टिका आ गमछा ओढ़ाई जसपा मे प्रवेश करवले बाडन ।

कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि के आसन से बोलत प्रदेश २ के अर्थमन्त्री माननीय शैलेन्द्र साह रौतहट के चिरपरिचित नेपाली काँग्रेस के गढ़ के रुप मे रहल ई क्षेत्र मे बिकास ना भईल दुर्भाग्य रहल बतवनी । साथे आवेवाला दिन मे ई क्षेत्र अन्तर्गत के परोहा के मोतीपुर मे स्वास्थ्य, शिक्षा आ आउर लगायत बिकास निर्माण के कामसब के खातिर तत्काल ५० लाख रोपेया विनियोजन करेके प्रतिवद्धता कईले बाडन ।

एहितरे कार्जक्रम मे विशिष्ट अतिथि विद्यायक यादव जनता समाजवादी पार्टी नेपाल मात्र जनता से खोजल अनेकन बिकास निर्माण लगायत के कामसब करेके आ हमनी मधेशी के संघीयता, सुशासन आ समाजवाद के कायम करावे खातिर एक मात्र पार्टी जसपा रहल दाबी कईनी । जसपा के युवा नेता, कार्यकर्ता, अग्रपंक्ति मे रहके राजनीति करे खातिर तथा युवा शक्ति जरुरत रहल बतावत पूर्ण सहजोग के खातिर जनसमुदाय के निहोरा करत नव प्रवेशी नेता कार्यकर्तालोग के बधाई सहित उनन्ति प्रगति के कामना कईले रहनी ।

कार्जक्रम मे जनता समाजवादी पार्टी नेपाल परोहा नगर कमिटि के अध्यक्ष महिला नेत्री शोभा देवी सिंह के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम के सञ्चालन युवा पत्रकार तथा मधेश प्रदेश मीडिया प्रालि के अध्यक्ष अभिमन्यु पटेल कईले रहनी । एहितरे कार्जक्रम मे जसपा के मधेश प्रदेश सस्य एवं रौतहट जिल्ला इन्चार्ज बृज किशोर यादव, जसपा के जिल्ला अध्यक्ष एवं देवाहि गोनाही नगरपालिका के नगर प्रमुख धर्मेन्द्र प्रसाद पटेल, माधव नारायण नगरपालिका के मेयर विरेन्द्र यादव, मधेश प्रदेश सदस्य एवं बौद्धिमाई नगरपालिका के नगर प्रमुख युवा मेयर राजीव रंजन (राजू) यादव, रौतहट जिल्ला के उपसभापति राम वशिष्ठ यादव, देवाही गोनाही नपा १ के वार्ड अध्यक्ष शेख नुरुल्लाह, नेता श्यामबिहारी यादव लगायत के नेता तथा कार्यकर्तालोग के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।