वीरगंज नाका से चईत मे लक्ष्य से ११ अरब कम राजश्व संकलन

वीरगंज ०२ बैशाख

कोरोना संक्रमण के महामारी से मुख्य नाका वीरगंज मे रहल भन्सार कार्यालय के राजश्व असुली मे प्रत्यक्ष असर पडल बा । मुख्य नाका वीरगंज मे वीरगंज भन्सार कार्यालय (आइसीपी) आ सिर्सिया सुख्खा बन्दरगहा भन्सार कार्यालय बा ।
चईत महिना मे ई दुनु भन्सार कार्यालय भन्सार विभाग से देहल लक्ष्य से करिब ११ अरब १ करोड ४३ लाख कम राजश्व संकलन भईल बा ।

चईत मे दुनु भन्सार कार्यालय के विभाग १८ अरब ४१ करोड १८ लाख रोपेया राजश्व संकलन के लक्ष्य देहले रहे । माकिर दुनु भन्सार से ७ अरब ३९ करोड ७५ लाख मात्र राजश्व संकलन कईले बा ।

चईत मे वीरगंज भन्सार कार्यालय से लक्ष्य से करिब १० अरब कम राजश्व संकलन कईले बा । विभाग से चईत के खातिर १५ अरब ७ करोड १८ लाख रोपेया राजश्व संकलन के लक्ष्य देहले रहे । माकिर वीरगंज भन्सार कार्यालय लक्ष्य के ३५.६१ प्रतिशत मात्र अर्थात ५ अरब ३६ करोड ७५ लाख रोपेया मात्र राजश्व संकलन कईले बा ।

लकडाउन से पहिले के फागुन महिना मे वीरगंज भन्सार कार्यालय ११ अरब ३० करोड ६ लाख रोपेया राजश्व संकलन कईले रहे ।

वीरगंज नाका मे रहल सिर्सिया सुख्खा बन्दरगाह भन्सार कार्यालय भी बितल चईत महिना मे विभाग से देहल लक्ष्य से १ अरब ३१ करोड कम राजश्व संकलन कईले बा ।

चईत के खातिर भन्सार विभाग ३ अरब ३४ करोड के लक्ष्य देहला मे सुख्खा बन्दरगाह भन्सार से २ अरब ३ करोड मात्र राजश्व संकलन करे सकल सुख्खा बन्दरगाह भन्सार के प्रमुख उमेश श्रेष्ठ जानकारी देहनी । लकडाउन से पहिले फागुन मे सुख्खा बन्दरगाह भन्सार कार्यालय लक्ष्य से ६ प्रतिशत बेसी हि अर्थात ३ अरब ५५ करोड रोपेया राजश्व उठवले रहे ।

१० प्रतिशत मात्र सामान आयात
कोरोना महामारी रोकथाम तथा नियन्त्रण के खातिर नेपाल मे चईत ११ से लकडाउन बा आ भारत मे भी चईत १२ से लकडाउन जारी बा ।

दुनु देश मे लगावल गईल लकडाउन के चलते मालवस्तु के आयात प्रभावित भईला से भन्सार राजश्व संकलन मे प्रत्यक्ष असर पडल भन्सार के कर्मचारी बतवनी ।

भारत तथा तिसरका देश से स्थल मार्ग आ रेलमार्ग से भन्सार नाका मे आईल मालवस्तु भी सहज रुप मे गन्तव्य मे पठावे ना सकला के चलते भी राजश्व असुली प्रभावित भईल उलोग के कहनाम बा ।

चईत ११ से लकडाउन भईला के बाद भारत तथा तिसरका देश से पहिले के बराबरी मे १० प्रतिशत से भी कम मालवस्तु आरहल वीरगंज भन्सार कार्यालय के प्रमुख भन्सार प्रशासक ढुण्डी प्रसाद निरौलाल बतवनी ।

लकडाउन मे मालवस्तु के आयात निर्यात मे नेपाल भा भारत सरकार कउनो अवरोध भा रोक ना लगईला पर भी मालवस्तु के आयात मे भारी गिरावट आईल निरौला बतवनी ।

वीरगञ्ज भन्सार मे अभी भी करिब ३ सय ५० मालवाहक गाडी आ करिब ८ सय नयाँ सवारी साधन होल्ड (थुप्रिएर) मे रहल जानकारी निरौला देहनी । सुख्खा बन्दरगाह से भी पहिले से ६० प्रतिशत मात्र सामान आयात भईल सुख्खा बन्दरगाह भन्सार कार्यालय के प्रमुख उमेश श्रेष्ठ बतवनी ।

भारत तथा तिसरका देश से रेलमार्ग होत मालसामान पहिले से ६० प्रतिशत से कम आरहल जानकारी देत उ, ‘बन्दरगाह मे आईल मालसामान बन्दरगाह से सहज रुप मे जाँचपास होखे ना सकला के चलते भी राजश्व असुली घटल बा ।’

सिर्सिया सुख्खा बन्दरगाह मे बैशाख १ तक भारत तथा तिसरका देश से नेपाल के खातिर आयात कईल मालसामान के २ हजार ८ सय से बेसी कन्टेनर जम्मा भईल बतवनी ।

श्रेष्ठ के मुताविक, बन्दरगाह परिसर मे रहल कन्टेनरसब मे खाद्यान्न आ खाद्य उद्योग के कच्चा पदार्थ (दाल, केराव, मकई, तोरी, भटमास, पशु आ कुखुरा के दाना) बा ।

भारत तथा तिसरका देश से भारतीय रेलमार्ग होत लिआवल कन्टेनरसब, स्थानीय प्रशासन आ पुलीस के असहजोग के चलते बन्दरगाह से जाँचपास होखे ना सकला के चलते जम्मा भईल भन्सार प्रमुख श्रेष्ठ बतवनी । उल्था अन्नपूर्ण

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।