पर्सा के ग्रामीण क्षेत्र के स्थानीय तहसब हि मनमौजी रुपमे सवारी पास बाँटला से लकडाउन उल्लंघन

मेघराज राय
जीराभवानी ०२ बैशाख,
सरकार से कईल निर्णय विपरीत स्थानीय तह के जनप्रतिनिधिलोग धमाधम सवारी पास वितरण करे लागल बाडन ।
लकडाउन समय मे जिल्ला प्रशासन आ इलाका प्रशासन से वितरण करेवाला सवारी पास के चरम दुरुपयोग करत वार्ड अध्यक्षलोग हि सवारी पास देवे लागला के बाद लकडाउन उल्लघंन भईल मिलल बा ।
लकडाउन के समय बढत जाए लागला के बाद पर्सा के जनप्रतिनिधिलोग आपन नागरिक के धमाधम सवारी पास वितरण करे लागला के बाद प्रशासन ध्यानाकर्षण भी कईले बा ।
भितरी सडक मे मोटरसाईकल लगायत आउर सवारी साधन चले लागला के बाद इलाका प्रशासन सुपौली आ ईलाका प्रहरी कार्यालय सेढवा अनुगमन भी सुरु कईले बा ।
अधिकांश सवारी साधनसब के वार्ड अध्यक्ष से जारी कईल पास देखावे लागला के बाद प्रशासन लकडाउन के जनप्रतिनिधि से हि उल्लघंन कईल कहत आक्रमक बनल बा ।
लकडाउन समय भर दैनिक जरुरी काम बाहेक घर से बाहर ना निकले खातिर सरकार से निहोरा करत आईल बा ।
जरुरी परके बाहर चलेके पडला मे जिल्ला प्रशासन भा इलाका प्रशासन से समन्वय करके मात्र आवेजाए खातिर सरकार सभी नागरिक के निहोरा कईला पर भी एकर कार्यन्वयन मे जनप्रतिनिधिलोग हि बाधक बनल बा ।
जिल्ला प्रशासन आ इलाका प्रशासन कार्यालय बाहेक सवारी आवागमन के खारित पास बाटेके व्यवस्था के उल्लघंन कईल देखल गईल ठोरी गाँवपालीका वार्ड नम्बर ५ के बिमल प्रधान बतवनी ।





