स्वाब परीक्षण मे तेजी देहल जाँव : मुख्यमन्त्री राउत

जनकपुरधाम २ वैशाख,
प्रदेश २ के मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत कोरोना भाइरस के परीक्षण मे तेजी आवे ना सकल स्वीकार करत स्वाब परीक्षण के तेजी देवेके बतवले बानी ।
मंगर के दिने मुख्यमन्त्री निवास मे पुरा भईल प्रतिपक्षीदल के नेता सहित के निर्देशक समिति के बईठक के बाद स्वास्थ्य क्षेत्र सँगे सम्बन्धित पदाधिकारी के स्वाब परीक्षण के तेजी देवेके निर्देशन देहनी ।
‘स्वाब तेज रुपमे परीक्षण ना हो रहल सिकाईत चारु ओरी से आ रहल बा,’ कहत मुख्यमन्त्री राउत, “ई काम मे तदारुकता देवे खातिर समाजिक विकास मन्त्रालय के जरुरी बा ।”
मुख्यमन्त्री राउत कोरोना रोकथाम तथा नियन्त्रण के खातिर पईसा के कउनो कमी होखे ना देवेके प्रतिबद्धता जनावत कार्यान्वयन के रास्ता मे कउनो भी ढिला सुस्ती सुने ना चाहल बतवनी । सुरक्षा निकाय के अधिकारी के भी सहभागिता रहल बईठक मे मुख्यमन्त्री राउत सीमा मे सर्तकता बढावे खातिर उलोग के भी निर्देशन देहनी ।
खुला सीमाना के चलते प्रदेश मे कोरोना के डर बढला से सीमा नाका मे आउर कडाई करे खातिर सुरक्षा निकाय के अधिकारी के ध्यान देवेके बतवनी । उ सुरक्षा खातिर जरुरी सामान अबिलम्ब उपलब्ध करावे खातिर आन्तरिक मामिला तथा कानून मन्त्रालय के निर्देशन देहले रहनी ।





