अधिवक्ता एकरामुल हक के फँसा के बदनाम कईल जा रहल बा ः वार एशोसिएसन

प्रभु यादव /
बारा २२ माघ, बारा मे कानुन व्यवसायी अधिवक्ता एकरामुल हक उपर जबरजस्ती करणी कईल मुद्दा लगा के फँसावल गईल जनावल गईल बा ।
बारा जिल्ला अदालत बार एशोसिएसन कलैया पत्रकार समेलन कर के अईसन जानकारी करवले बा । बार एशोसिएसन कलैया के सचिव समसोदिन हवारी पत्रकार समेलन मे बारा वार एशोसिएसन कानुन के शासन स्वतन्त्रता तथा समानता के हक लगायत न्याय प्राप्ती पारदर्शिता कायम कर के न्याय प्राप्ती के खातिर अथक प्रयास करत आईल बात सभे के मालुुम भईल बतवले बानी । वार के सदस्य एकरामुल हक के उपर लगावल गईल दोष के उपर होरहल अनुसन्धान से दोषी कानुन के कारवाही आ जरीवाना से अलग ना होखी, रहल पिडित के वार से जायज सहजोग समेत करेसे कवनो विवाद ना करी सचिव हवारी बतवले बानी ।
अधिवक्ता एकरामुल हक से जानकारी लेहला पर उजुरी कर्ता के कवनो मुद्दा मे अपने कानुन व्यवसायी नारहल कवनो मुद्दा ममिला ना लिखले बानी माकिर अपन बाबू माई से मिलाकर के नालिस लिखेला कलैया से सिमरा लेगईल बतवले बानी कहके सचिव हवारी जानकारी करवनी । पहिलका बेर होटल मे पुगला पर ओजगह केहु ना रहल पुछला पर ५ मिनेट मे आरहल रूकल जाँव उजुरी कर्ता बतवले रहल माकिर ५ मिनेट मे ५÷६ जने के समूह मे आईल आदमीसब आपन पाईन्ट जामा खोलकर के पिटपाट कईल हक बतावल सचिव जानकारी करवले बानी ।
दुनु तर्फ के वयान सुनला पर प्रहरी के अनुसन्धान से दोषी सावित होखे से पहिले पिडित के तर्फ से बहुते सञ्चार माध्यम, अनलाइन खबर, फेसबुक से अधिवक्ता हक के निर्घातरूप मे अमानवीय व्यवहार के कुटपिट कईल फोटो, भिडियो प्रचार प्रसार कईल अदालत से दोषी ना देखल गईल के शोसल मिडिया मे देखावल कानुन के उपाहास भईल पत्रकार समेलन मे सचिव हवारी बतवले रहनी ।
दोषी उपर कानुन बमोजिम कारवाही सम्बन्धि निकाय रहते अभियोग लागल अधार मे केहुके अमानवीय व्यवहार कईल, निर्घात कुटपिट, भिडियो प्रकाशित करावल काम कईल पूर्व योजना बनाके एगो कानुन व्यवसायी अधिवक्ता के झुठा मुद्दा मे फँसावेके आ चरित्र हत्या करेके काम भईल सचिव हवारी बतवले बानी । होटल मे अधिवक्ता के पुगल ३ या ४ मिनट भितरे समुह मे कुछ लोग कोठा मे पुग के जबरजस्ती पाईन्ट सर्ट खोल के अर्धनग्न कर के पिटपाट करत सर्वजनिक रास्ता मे लियाके पिटपाट कईल भिडियो रेकर्ड बनावल आ शोसल मिडिया मे भाइरल कईल काम हनि ट्रयाप मे पार के फँसावल सावित होरहल सचिव हवारी जानकारी करवले बानी ।
फँसाके अनैतिक कार्य करेवाला आदमी आ समूह के पहिचान करके कानुनी दायरा मे लियाके कडा कारवाही करे के कानुनी शासन के परिपालना करे करावेला वार जोडदार माग करहल बार एशोसिएसन कलैया बारा के अध्यक्ष उमेश प्रसाद जयसवाल आ सचिव समसोदिन हवारी के हस्ताक्षर कईल प्रेस विज्ञाप्ती मे जानकारी करवल गईल बा ।
घटना भईल होटल मे सिसिटिभी फुटेज आ मौजुद रहल होटल साहु से जानकारी लेहला पर अधिवक्ता के कुछ देर पुगला वाद आईल समूह के लोग जागिर लगावेला पईसा लेरहल जलसाजी ठगी कर रहल के पकडे पुगल बतवले रहलन जवना से प्रष्ट पुष्टि होरहल बा कि अधिवक्ता के फँसावल गईल बार के सचिव हवारी जानकारी करवले बानी ।
पिडित जनानी समाजिक सञ्जाल आ प्रेस समने आपन बात राखत अपने ५ मिनेट के फरक मे कोठा से दु तीन बेर निकल के आपन बहिन के फुन कर के जानकारी करवले रहनी तब अधिवक्ता के पकडले रहल बतावल जब जवदस्ती करणी काम रहल तब खुला रूप मे बाहर निकलल आदमी पुलिस बोला सकत रहल रहे चाहे हल्ला कर के होटल के आदमी सभे के सहायता लेसकत रहे जवन ना कईल योजना बना के फँसावेके काम कईल पत्रकार लोग से पुछल गईल प्रश्न के जवाफ देहत सचिव हवारी जानकारी करवले रहनी ।








